Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Asia Cup में ई पांच भारतीय बल्लेबाज ने जड़ले बा लो सबसे जादे रन, देखीं कवना नंबर पs मवजूद बाड़ें किंग Kohli आ हिटमैन Rohit 

एशिया कप 2023 के आगाज 30 अगस्त से होखे जा रहल बा। टूर्नामेंट के आयोजन पहिला बेर हाइब्रिड मॉडल में कइल जाई। एशिया कप हमेशा से भारतीय बल्लेबाजन के रास आइल बा। सचिन तेंदुलकर से लेके विराट कोहली तक हर इंडियन बैटर टूर्नामेंट में आपन छाप छोड़ले बा। संगही कप्तान रोहित शर्मा के रिकॉर्ड एशिया कप में लाजवाब रहल बा।

1,909

एशिया कप 2023 के काउंटडाउन सुरू हो चुकल बा। टूर्नामेंट के सुरुआत 30 अगस्त से होखे के बा आ फाइनल मुकाबला 17 सितंबर के खेलल जाये के बा। छव देसन के बीच खेलल जाये वाला एह टूर्नामेंट में भारतीय टीम के खिताब के प्रबल दावेदार मानल जा रहल बा। हालांकि, टीम इंडिया के नैया के पार लगावे के जिम्मेदारी बल्लेबाजन के कांह पs होई।

एशिया कप के इतिहास में भारतीय बैटर्स के बल्ला जमके बोलल बा आ इहे वजह बा कि टीम सात बेर खिताब के अपना नामे कइले बिया। आज अइसने पांच इंडियन बल्लेबाजन के बात कइल जाई, जे एह टूर्नामेंट में रनन के अंबार लगवले बा।

1. सचिन तेंदुलकर

भारत के तरफ से एशिया कप के इतिहास में सबसे जादे रन सचिन तेंदुलकर के बल्ला से निकलल बा। सचिन एह टूर्नामेंट में खेलल 23 मैचन में 51 के बेमिसाल औसत से 971 रन कूटले बाड़ें। एह दौरान मास्टर ब्लास्टर दु सेंचुरी आ सात अर्धशतक जमवलें बाड़ें।

2. रोहित शर्मा

भारतीय टीम के मवजूदा कप्तान रोहित शर्मा एशिया कप में सबसे जादे रन कूटे के ममिला में दूसरा नंबर पs काबिज बाड़ें। हिटमैन के ई टूर्नामेंट बहुते रास आवेला आ ऊ 21 पारियन में 46 के औसत से 745 रन बना चुकल बाड़ें। रोहित एशिया कप में पाकिस्तान के खिलाफ एकमात्र शतक जमवले बाड़ें, तs 6 गो फिफ्टियो उनका बल्ला से निकलल बा।

3. एमएस धोनी

एशिया कप में भारत के तरफ से सबसे जादे रन कूटे के ममिला में पूर्व कप्तान एमएस धोनी तीसरा नंबर पs मवजूद बाड़ें। माही एह टूर्नामेंट में खेलल कुल 16 पारियन में 648 रन ठोकले बाड़ें। एह दौरान उनका बल्ला से एगो सेंचुरी आ तीन फिफ्टी निकलल बा।

4. विराट कोहली

विराट कोहली एशिया कप में भारत के तरफ से सबसे जादे रन बनावे के ममिला में चउथा नंबर पs काबिज बाड़ें। विराट टूर्नामेंट में खेलल कुल 10 पारियन में 61 के दमदार औसत से 613 रन बनवले बाड़ें। किंग कोहली के बल्ला से तीन गो सेंचुरी निकलल बा आ ऊ एगो फिफ्टी जमवले बाड़ें।

5. गौतम गंभीर

भारतीय टीम के ओर से एशिया कप में सबसे जादे रन बनावे के ममिला में गौतम गंभीर पांचवां नंबर पs मवजूद बाड़ें। बायां हाथ के पूर्व बल्लेबाज टूर्नामेंट में कुल 573 रन कूटले बाड़ें। एह दौरान गंभीर के बल्ला से 5 अर्धशतक आइल आ एगो सेंचुरी श्रीलंका के खिलाफ आइल रहे।

616800cookie-checkAsia Cup में ई पांच भारतीय बल्लेबाज ने जड़ले बा लो सबसे जादे रन, देखीं कवना नंबर पs मवजूद बाड़ें किंग Kohli आ हिटमैन Rohit 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.