[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur Monsoon: सावन में इंद्रदेव कइलें निराश, आज झमाझम बरखा से बा राहत के आसार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मौसम विज्ञान विभाग मानसून के सक्रिय होखला के दावा करत 10 जुलाई से भारी बरखा के अनुमान जतवले बा। सोमार के दुपहरिया में शहर में अच्छा बरखा भइल। ओकर बाद बादल तs छाइल रहल, बाकिर बिना बरसे चल गइल।  ओहिजा बियफे सांझ तक तेज बरखा के आसार बा।

गोरखपुर जिला में आषाढ़ के बाद सावन के महीना में इंद्रदेव निराश करत बाड़ें। आषाढ़ में औसत से कम बरखा होखला पs सावन में लोगन के आस रहे, बाकिर ऊ निराश करत बाड़े।

सावन माहिना में आठ दिन गुजर गइला के बाद अच्छा बरखा ना होखला से गरमी अउर उमस से राहत मिलत नइखे देखल जात। बुध के अधिकतम तापमान 34.2 डिग्री सेल्सियस रहला से दिनभर गरमी आ उमस से लोग परेसान रहल।

मौसम विज्ञान विभाग मानसून के सक्रिय होखला के दावा करत 10 जुलाई से भारी बरखा के अनुमान जतवले बा। सोमार के दुपहरिया में शहर में अच्छा बरखा भइल। ओकर बाद बादल तs छाइल रहल, बाकिर बिना बरसे चल गइल।  ओहिजा बियफे सांझ तक तेज बरखा के आसार बा।

शहर में छिटपुट जगहन पs हल्का से मध्यम बरखा दर्ज कइल गइल। हालांकि, मौसम विभाग अब दु दिन अउर भारी बरखा के अनुमान जतावत बा। एह दौरान अधिकतम आ न्यूनतम तापमान में कमी आई। एह से गरमी आ उमस से राहत मिले के आसार बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]