[the_ad_group id="30365"]

इंडिया मोबाइल कांग्रेस 2022: मुश्किल में जान बचाई 5जी से जुड़ल एंबुलेंस, लाइव पता कs सकब लोकेशन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इंडिया मोबाइल कांग्रेस 2022 में लगभग हर बड़ कंपनी हेल्थ से जुड़ल तकनीक अउर गैजेट्स के सबके सामने पेश कइल गइल बा। एहमें ज्यादातर डिवाइस अइसन बा जौन 5जी नेटवर्क से जुड़तही प्राण रक्षक बन जात बा। मिसाल के तौर पर एह जियो अउरी एरिक्सन एह तरह के एंबुलेंस डिस्प्ले कइल गइल बा, जौन लगातार अस्पताल से जुड़ल रही अउर मरीज को पल भर खातिर डॉक्टर के बिना नाइ छोड़ी।

मरीज पहुंचले से पहिले अस्पताल के मिली सूचना

इंडियन मोबाइल कांग्रेस में रिलायंस जियो एगो 5जी कनेक्टेड एम्बुलेंस पेश कइल गइल बा। ई अइसन एम्बुलेंस ह जौन मरीज के सब अहम जानकारी रियल टाइम में अस्पताल के डिजिटली पहुंचा देई अउरी उ भी मरीज के पहुंचले से पहिले। ताकि अस्पताल में मौजूद डॉक्टर मरीज के पहुंचले से पहिलहीं सब जरूरी इंतजाम कs सकsतने। भविष्य में मेडिकल इंडस्ट्री में बदलाव के अंदाजा एह एम्बुलेंस के देख के लगावल जा सकsता।

एंबुलेंस में मरीज डॉक्टर के पास पहुंची लाइव फीड

एरिक्सन के स्टॉल पर एहसे एक कदम आगे जात अइसन कनेक्टेड एंबुलेंस देखल जा सकतिया जहां से मरीज के रियल टाइम जानकारी डॉक्टर तक पहुंची बलुक उ ओके देखल भी सकsता। एकरे खातिर एगो वर्चुअल रियलिटी से लैस चश्मा के इस्तेमाल कइल जाई। एंबुलेंस में मौजूद अटेंडेंट जइसही चश्मा पहनी, ओकरे चश्में के बाहर के तरफ लागल कैमरा मरीज के लाइव तस्वीरें डॉक्टर के भेजल शुरू क देईं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]