Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Jio 5G Launch: भारत में आज लॉन्च होई जियो के 5जी, एह शहरन में सुरू होई सर्विस, वेलकम ऑफरन के जानीं

1,096

Jio यूजर्स खातिर निम्मन खबर बा। रिलायंस Jio भारत में 5G सर्विस लॉन्च करे के घोषणा कs देले बा। कंपनी जियो के ट्रू-5G सर्विस के बीटा ट्रायल काल्ह माने दशहरा से सुरू कर रहल बिया। ई सर्विस देश के चार शहरन दिल्ली, मुंबई, कोलकाता आ वाराणसी में शुरू कइल जाई। अभी ई सर्विस ऑन इनविटेशन बा, माने मवजूदा Jio यूजर्स में से कुछ चुनिंदा यूजर्स के एह सर्विस के इस्तेमाल करे खातिर इनवाइट भेजल जाई।

यूजर्स के एकरा संगे वेलकम-ऑफरो मिली, जवना के तहत यूजर्स के 1GBPS तक के स्पीड आ अनलिमिटेड 5जी डाटा मिली। इनवाइटेड यूजर्स इन Jio ट्रू 5G सर्विस के एक्सपीरियंस करी लो ओह लो के अनुभवन के आधार प  कंपनी विस्तृत 5G सर्विस लॉन्च करी।

“वी केयर” माने हमनी के राउर खेयाल बा, Jio के ट्रू 5G एही मूल मंत्र प बनल बा। एकरा तहत jio 5G से कंपनी शिक्षा, स्वास्थ्य सेवा, कृषि, कौशल विकास, छोट, मध्यम आ बड़ उद्यमन, IoT, स्मार्ट होम आ गेमिंग जइसन क्षेत्रन में प्रमुख रूप से फोकस करी।

जियो ट्रू 5जी वेलकम ऑफर

  • Jio True 5G वेलकम ऑफर Jio यूजर्स खातिर दिल्ली, मुंबई, कोलकाता आ वाराणसी में आमंत्रण द्वारा लॉन्च कइल जा रहल बा। एह ग्राहकन के 1 Gbps+ तक के स्पीड के संगे अनलिमिटेड 5G डाटा मिली।
  • जइसे-जइसे शहर तइयार होते जाई, आउर शहरन खातिर बीटा परीक्षण सेवा रोलआउट करे के घोषणा कइल जाई।
  • यूजर्स एह बीटा परीक्षण के लाभ तब तक उठा पाई लो जब तक कि शहर के नेटवर्क कवरेज पर्याप्त रूप से मजबूत नइखे हो जात।
  • आमंत्रित ‘Jio वेलकम ऑफर’ यूजर्स के आपन मवजूदा Jio सिम ना बदले के होई। यूजर्स के मोबाइल 5g होखला प Jio True 5G सेवा ऑटोमैटिक अपग्रेड हो जाई।

स्टैंड-अलोन 5G

ई स्टैंड-अलोन नेटवर्क ह माने जियो 5जी खातिर 4जी नेटवर्क के जरुरत ना रही। एकर सीधा फायदा जियो के True 5G  के मिली। Jio 5G में यूजर्स के लो लेटेंसी, बड़ पैमाना प मशीन-टू-मशीन कम्युनिकेशन, 5G वॉयस, एज कंप्यूटिंग आ नेटवर्क स्लाइसिंग जइसन शानदार फीचर्स मिली।

कैरियर एग्रीगेशन

Jio 5G में कैरियर एग्रीगेशन नाम के एडवांस टेक्नोलॉजी के सपोर्ट बा। ई 5जी के अलग-अलग फ्रीक्वेंसी के एगो मजबूत “डाटा हाईवे” बनावेला, जवन यूजर्स खातिर कवरेज, क्षमता, गुणवत्ता आ डाटा बचत के एगो शानदार पैकेज ह। एकरा मदद से नेटवर्क कनेक्टिविटियो बेहतर होला आ डाटो कम यूज होला।

347530cookie-checkJio 5G Launch: भारत में आज लॉन्च होई जियो के 5जी, एह शहरन में सुरू होई सर्विस, वेलकम ऑफरन के जानीं

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.