[the_ad_group id="30365"]

India China: चीन फेर कइलस भारत के उसकावे वाला हरकत, LAC के बहुते निचिका से गुजरल चीनी सेना के फाइटर जेट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

India China Face Off: चीन के हिमाकत दिन ब दिन बढ़त जा रहल बा। भारत के भड़कावे के इरादा से चीन के एगो फाइटर जेट एलएसी (LAC) के बहुते निचिका से उड़ान भरलस। गौर करे आला बात बा कि एकरा पहिलहू चीन अइसन हरकत कs चुकल बा। बता दीं, बीतल सप्ताह भारत चीन के बीच 16वां दौर के वार्ता भइल रहे। एह वार्ता के चीन दुनो देशन के बीच जारी विवाद के सुलझावे के दिशा में रचनात्मक आ दुरंदेशी करार देले रहे।

 चीन करत रहल बा हिमाकत:

एकरा पहिले जून के आखिर में चीन भारत के उसकावे वाला हरकत कइले रहे। चीन के फाइटर जेट पूर्वी लद्दाख में तैनात भारतीय जवानन के बहुते करीब से उड़ान भरले रहे। चीनी वायुसेना के एह हरकत के लेके भारतीय वायुसेना कड़ा आपत्ति दर्ज कइले रहे। ओहिजा, ममिला के लेके भारतीय वायुसेना प्रमुख एयर चीफ मार्शल वीआर चौधरी कहले कि चीनी फाइटर जेट के अइसन हरकत के खिलाफ भारतीय वायुसेना जवाब दिही। ऊ कहले कि जदि चीनी फाइटर विमान एलएसी क्रॉस करि तs भारतीय वायुसेना एकर जवाब दिही।

16 वां दौर के बातचीत:

गौर करे वाला बात बा कि 17 जुलाई के भारत चीन के बीचे 16वां  दौर के वार्ता भइल। ओइसे, 16वां दौर के सैन्य वार्ता के दौरान पूर्वी लद्दाख में सीमा विवाद से जुड़ल बाकी मुद्दन के हल करे के लेके सहमति ना बन सकल। बाकिर एह बात के सहमति बनल कि दूनो देश स्वीकार्य समाधान निकाले तक बातचीत जारी रही।

LAC पs बहाल होखे पहिले जइसन स्थिति:

भारत आ चीन दुनो देशन के सेना कावर से जारी संयुक्त बयान के मोताबिक एह बात के फेर से पुष्टि कइल गइल बा कि लंबित मुद्दन के समाधान से क्षेत्र में वास्तविक नियंत्रण रेखा (एलएसी) पs शांति व्यवस्था बहाल करे में मदद मिली आ दूनो देशन के बीच द्विपक्षीय संबंधन बढ़न्ती होई। आधिकारिक सूत्रन के मोताबिक, वार्ता के दौरान भारत चीन से पूर्वी लद्दाख में गतिरोध वाला सब जगहन से सैनिकन के जल्दी से हटावे खातिर कहलस आ अप्रिल 2020 में सैन्य गतिरोध सुरू होखे से पहिले के यथास्थिति के बहाली के मांगो कइलस।

साभार: प्रभात खबर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]