- बिहार: अमित शाह आ जेपी नड्डा के बिहार दौरा, बीजेपी के कार्यकारिणी बैठक में शामिल होखे पहुंची लो पटना। 30 आ 31 जुलाई के होखे आला एह कार्यक्रम के दुनो नेता करी लो संबोधित। एह कार्यक्रम में 750 से बेसी नेता आ कार्यकर्ता लोगन के शामिल होखे के बा संभावना।
- बिहार: सावन के दूसरका सोमारी आज, बाबा ब्रहमेश्वर नाथ मंदिर समेत राज्य भर के शिवालयन में जलाभिषेक खातिर उमड़ल बा भीड़।
- उत्तर प्रदेश: बनारस में वैज्ञानिकन आ रिसर्च स्कॉलरन पs हमला, सारनाथ में ईंटा-पत्थर आ रॉड से कइल गइल वार, कई लोग घायल। IIT-BHU के सिरामिक इंजीनियरिंग विभाग में फॉसिल्स फ्यूल पs चल रहल अन्तराष्ट्रीय कॉन्फ्रेंस के दौरान, डेलीगेट्स आ साइंटिस्ट सारनाथ भ्रमण पs गइल रहे लो।
- उत्तर प्रदेश: यूपी में ट्रांसफर पोस्टिंग के खेला में बड़ मछरियन के बचावे के कोसिस, बसपा प्रमुख मायावती के लगवली यूपी सरकार पs आरोप।
- झारखंड: देवघर बाबाधाम कांवर यात्रा- कहीं ना रुकेला लो डाक बम, 24 घण्टा में पैदल तय करेला लो 105 किमी के दूरी, बाबाधाम में स्पेशल एंट्री, दुसरका सोमारी आज।
- केरल के बाद अब दिल्ली में मिलल मंकीपॉक्स के मरीज: शिमला से पार्टी कs के लवटल रहले मरीज, देश में अब तक 4 ममिला सामने आइल।
- POK पs बोलले रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह: जब बाबा अमरनाथ हमनी के, तs शारदा जी के धाम ओह पार कइसे रह सकत बा। 23 वां कारगिल विजय दिवस पs आयोजित कार्यक्रम में केंद्रीय रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह सेना के बलिदान के याद कइलें।
- वर्ल्ड एथिलेटिक्स चैंपियनशिप में नीरज चोपड़ा के सिल्वर: ई मुकाम हासिल करे वाला पहिला भारतीय, 19 साल बाद देश के मिलल मेडल, 88.13 मीटर फेंकले भाला।
- देश के नाम राष्ट्रपति कोविंद के अंतिम संबोधन: कहले- साधारण परिवार के कोविंद सभे के संबोधित कर रहल बाड़े, अइसन देश के लोकतंत्र के नमन।
- रोमाचंक मुकाबला में भारत वेस्टइंडीज के 2 विकेट से हरवलस, 2-0 से जीत के एक देश के खिलाफ लागातार 12 सीरीज जीते के विश्व रिकॉर्ड अपना नामे कइलस भारत, अक्षर खेलले 64 रन के धमाकेदार पारी।
Morning Updates: भोर के 10 बड़ खबर
Published on: Jul 25, 2022
बिहार: अमित शाह आ जेपी नड्डा के बिहार दौरा, बीजेपी के कार्यकारिणी बैठक में शामिल होखे पहुंची लो पटना। 30 आ 31 जुलाई के होखे आला एह कार्यक्रम के दुनो नेता करी लो संबोधित। एह
Share
Tags:
Share this article






