[the_ad_group id="30365"]

CWG 2022 खातिर बर्मिंघम पहुंचल भारतीय टीम, जानीं कब होई पाकिस्तान से भिड़ंत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अतवार के देर रात कॉमनवेल्थ गेम्स 2022 खातिर बर्मिंघम रवाना भइल भारतीय महिला क्रिकेट टीम सोमार के देर रात यूके पहुंच गइल। बर्मिंघम पहुंचला के बाद वुमेंस टीम इंडिया के कइयन गो तस्वीरें सोझा आइल बा। एमे समूचा दल नजर आ रहल बा। हरमनप्रीत कौर के कप्तानी में भारतीय महिला क्रिकेट टीम राष्ट्रमंडल खेलन में नजर आई। लमहर समय के बाद फेर से क्रिकेट के कॉमनवेल्थ गेम्स में शामिल कइल गइल बा।

रउआ सभे के जानकारी खातिर बता दीं, कॉमनवेल्थ खेलन में टी20 फॉर्मेट में क्रिकेट के मुकाबला खेलल जाई। भारतीय टीम अपना अभियान के सुरूआत 29 जुलाई से करी। 29 जुलाई के पहिला मैच भारत के ऑस्ट्रेलिया से होई। भारतीय महिला टीम ग्रुप ए में बिया। एह ग्रुप में भारत के अलावे ऑस्ट्रेलिया, पाकिस्तान आ बारबाडोस के टीम बा, जवन मूल रूप से वेस्टइंडीज के टीम हs, बाकिर बारबाडोस के नाम से खेली।

ग्रुप स्टेज में भारतीय टीम के अपना ग्रुप के तीनों टीमन के साथे एक-एक मैच खेले के बा। जदि टीम कम से कम दु गो मैच जीत जात बिया तs सेमीफाइनल में पहुंचे के उम्मीद रही, जबकि तीन मैच जीतला पs टीम सीधे क्वालीफाई करी। एक मैच जीतला के इस्थिति में भारत के सेमीफाइनल में पहुंचल मुश्किल होई। भारत बनाम पाकिस्तान मैच के बात कइल जाव तs ई मुकाबला अतवार के 31 जुलाई के एजबेस्टन में होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]