[the_ad_group id="30365"]

दिव्यांग क्रिकेट: भारत के नेपाल आ श्रीलंका पs जीत, फाइनल में भारत आ बांग्लादेस के भिड़ंत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पहिला मैच में भारत नेपाल के हरवलस 

भारतीय दिव्यांग क्रिकेट टीम बांग्लादेश में चल रहल चार देसन के बंगबंधु दिव्यांग टूर्नामेंट अपना पहिला मैच में नेपाल के छव विकेट से हरा देलस। भारत कावर से सचिन शिवा आ टिक्का सिंह के जोगदान खास रहल। नेपाल के टीम इंदर सिंह के 36 रन से निर्धारित 20 ओवर में चार विकेट पs 120 रन बनवलस। जबाब में भारत सचिन के नाबाद 54 रन आ  टिक्का के नाबाद 34 रन के पारी से 14 ओवर में मैच जीत लेलस।

श्रीलंका के हरा के भारत फाइनल में

श्रीलंका के हरा के भारत के दिव्यांग क्रिकेट टीम फाइनल में पहुंचल। श्रीलंका के टीम 20 ओवर में भारत के सोझा 164 रन के लक्ष्य रखलस, जवना के भारत टीम 19 ओवर में हासिल कs के मैच आठ विकेट से जीत लेलस। भारत कावर से एमएस शिव के 79 रन आ अकिब निसार के 47 आ सचिन शिवा के 24 रन के जोगदान खास रहल। एह जीत के संगे भारत के फाइनल में बांग्लादेस से भिड़ंत तय हो गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]