[the_ad_group id="30365"]

IPL: राजस्थान के अपना पहिलका मैच में हैदराबाद पs 61 रन से जीत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कप्तान संजु सैमसन के 100 वां मैच आ आईपीएल-15 के अपना पहिलका मैच में राजस्थान रॉयल्स, सनराइजर्स हैदराबाद पs 61 रन के बड़ जीत दर्ज कइलस,। राजस्थान संजु (55) के अर्धशतक, आ शिमरन हेटमायर (32 रन, 13 गेना) के विस्फोटक पारियन से छव विकेट पs 210 रन के विशाल स्कोर खड़ा कइलस। फेर हैदराबाद के 20 ओवर में सात विकेट पs 149 रन पs रोक देलस।

पावर प्ले के सबसे खराब रिकॉर्ड हैदराबाद के नावे दर्ज भइल 

हैदराबाद के टीम आईपीएल इतिहास के [पावर प्ले में सबसे खराब रिकॉर्ड अपना नावे कइलस। सुरू के छव ओवर में तीन विकेट के नुकसान पs खाली 14 रन बनवलस। पिछिला रिकॉर्ड राजस्थान के नावे रहे, 2009 में बेंगलुरु के खिलाफ उहो 14 रन बनवले रहे बाकिर ओकर खाली 2 विकेट गिरल रहे।

आज कोलकाता के सोझा बेंगलुरु के चुनौती

आज के मैच में आपन पहिला मैच जीत के आ रहल कोलकाता नाइटराइडर्स के सोझा रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु के चुनौती बा, बेंगलोर के टीम आपन पहिलका मैच में मिलल हार का बाद जीते के उमेद से मैदान पs उतरी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]