[the_ad_group id="30365"]

IND vs AUS 2nd T20: रोहित के तूफानी पारी से जीतल भारत, ऑस्ट्रेलिया के छव विकेट से हरवलस, सीरीज 1-1 से बराबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत दूसरका टी20 में ऑस्ट्रेलिया के छव विकेट से हरा देले बा। एह जीत के संगही सीरीज 1-1 के बराबरी पs आ गइल बा। 25 सितंबर के हैदराबाद में तीन मैचन के टी20 सीरीज के निर्णायक मुकाबला खेलल जाई। मैदान गील होखला के वजह से टॉस में दु घंटा 45 मिनट के देरी भइल। एह मैच के आठ-आठ ओवर के कर दिहल गइल रहे। पावरप्ले दु ओवर के रहे आ एक गेंदबाज के खाली दु ओवर फेंके के रहे।

टीम इंडिया टॉस जीतके पहिले गेंदबाजी के फैसला कइले रहे। पहिले बल्लेबाजी करत ऑस्ट्रेलिया आठ ओवर में पांच विकेट गंवाके 90 रन बनवलस। मैथ्यू वेड 20 गेना में 43 रन के नाबाद पारी खेलले। ओहिजा, एरॉन फिंच 15 गेना में 31 रन बनवले। अक्षर पटेल दु विकेट झटकले।

जवाब में भारत 7.2 ओवर में चार विकेट गंवाके लक्ष्य हासिल कs लेलस। कप्तान रोहित शर्मा 20 गेना में 46 रन के नाबाद पारी खेलले। ऊ अपना पारी में चार चौका आ चार छक्का लगवले। ओहिजा, दिनेश कार्तिक आठवां ओवर में एक छक्का आ एक चौका लगाके मैच फिनिश कइले। कार्तिक दु गेना में 10 रन बनाके नाबाद रहले। केएल राहुल 10 रन, विराट कोहली 11 रन बना सकल लो। ओहिजा, सूर्यकुमार यादव खाता तक ना खोल सकले। एडम जैम्पा तीन विकेट झटकले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]