[the_ad_group id="30365"]

Sachin Tendulkar: सचिन तेंदुलकर के जलवा आजो बा बरकरार, तूफानी पारी खेल इंडिया के दिलवले जीत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

India Legends vs England Legends: महानतम बल्लेबाजन में शुमार सचिन तेंदुलकर के कप्तानी वाली टीम इंडिया लीजेंड्स रोड सेफ्टी वर्ल्ड सीरीज के मुकाबला में इंग्लैंड लीजेंड्स के 40 रन से हरा देलस। देहरादून में बरखा से बाधित एह मुकाबला के 15-15 ओवर के कइल गइल रहे। सचिन तेंदुलकर के टीम 15 ओवर में पांच विकेट खोके  170 रन बनवलस। एकरा बाद इंग्लैंड लीजेंड्स टीम छव विकेट के नुकसान पs 130 रन बना सकल।

सचिन बनले मैन ऑफ द मैच

रोड सेफ्टी वर्ल्ड सीरीज के एह 14वां मैच में इंडिया लीजेंड्स दमदार प्रदर्शन कइलस। सचिन तूफानी अंदाज में खेलत 20 गेना पs 40 रन बनवले। ऊ अपना पारी में तीन चौका आ एतने छक्का जड़ले। ओहिजा, युवराज सिंह 15 गेना पs एक चौका आ तीन छक्का लगावत  नाबाद 31 रन के जोगदान देले। इंग्लैंड लीजेंड्स टीम के खातिर स्टीफन पैरी तीन विकेट लेले।  सचिन के प्लेयर ऑफ द मैच चुनल गइल।

इंडिया टीम के धमाकेदार शुरुआत

देहरादून के राजीव गांधी इंटरनेशनल क्रिकेट स्टेडियम में पहिले बल्लेबाजी करे उतरल इंडिया टीम धुंआधार शुरुआत कइलस आ 5.3 ओवर में 65 रन बना देलस। सचिन आ विकेटकीपर बल्लेबाज नमन ओझा टीम के निम्मन शुरुआत दिलावल लो। ओझा के छठा ओवर के चउथा गेना पs पैरी आउट कs के एह साझेदारी के तुड़ले। सचिन आ युवी के अलावे यूसुफो पठान दर्शकन के मनोरंजन कइले। ऊ 11 गेना में एक चौका आ तीन छक्का जड़त 27 रन बनवले।

सचिन 7 गेंदबाजन के अजमवले

राजेश पवार विकेट मिलला पs जश्न मनावत

सचिन तेंदुलकर के टीम इंडिया लीजेंड्स सात गेंदबाजन के अजमवलस। सफलता राजेश पवार, स्टुअर्ट बिन्नी, प्रज्ञान ओझा आ मनप्रीत गोनी के मिलल। पवार तीन ओवर में मात्र 12 रन देके तीन विकेट लेले।  बिन्नी, ओझा आ मनप्रीत गोनी के एक-एक विकेट मिलल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]