Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IND W vs ENG W: भारतीय टीम झूलन के आखिरी मैच में देलस शानदार तोहफा, इंग्लैंड के सीरीज में कइलस सूपड़ा साफ

मैच में पहिले बल्लेबाजी करत भारतीय महिला टीम 45.4 ओवर में 169 रन पs ऑलआउट हो गइल। जवाब में इंग्लैंड के टीम 43.3 ओवर में 153 रन बनवलस। झूलन के उनका आखिरी मैच में दुनो टीम के खिलाड़ी गॉर्ड ऑफ ऑनर दिहल लो।

2,674

भारतीय महिला क्रिकेट टीम तीन वनडे मैचन के सीरीज में इंग्लैंड के 3-0 से हरा देलस। सनीचर (24 सितंबर) के लॉर्ड्स में भइल सीरीज के तीसरा आ आखिरी मैच में टीम इंडिया 16 रन से जीत हासिल कइलस। भारत के दिग्गज तेज गेंदबाज झूलन गोस्वामी के ई आखिरी अंतरराष्ट्रीय मुकाबला रहे। कप्तान हरमनप्रीत कौर के टीम अंग्रेजन के सफाया कs के उनका के शानदार तोहफा देलस।

मैच में पहिले बल्लेबाजी करत भारतीय महिला टीम 45.4 ओवर में 169 रन पs ऑलआउट हो गइल। जवाब में इंग्लैंड के टीम 43.3 ओवर में 153 रन बनवलस। झूलन के उनका आखिरी मैच में दुनो टीम के खिलाड़ी गॉर्ड ऑफ ऑनर दिहल लो। एकरा अलावे हरमनप्रीत कौर उनका के टॉस खातिर साथे लेके गइली। हरमनप्रीत सहित सभे खिलाड़ी भावुक लउकल लो।

झूलन आखिरी मैच में झटकली दु विकेट

आखिरी मैच में झूलन के प्रदर्शन के बात कइल जाव तs बल्लेबाजी में ऊ पहिलके गेना पs खाता खोलले बिना आउट हो गइली। ओहिजा, गेंदबाजी में ऊ 10 ओवर में 30 रन देके दु विकेट लेली। झूलन अपना वनडे करियर में 255 विकेट लेली। टेस्ट में उनका नामे 44 आ टी20 में 56 विकेट बा। एह तरे झूलन अपना करियर के अंत कुल 284 अंतरराष्ट्रीय मैचन में 355 विकेट के साथे कइली।

झूलन गोस्वामी के ई आखिरी अंतराष्ट्रीय मैच रहे। फोटो – सोशल मीडिया

भारत के शुरूआत बहुते खराब रहल

मैच में इंग्लैंड के कप्तान एमी जोन्स टॉस जीतके पहिले गेंदबाजी के फसीला कइली।। भारत के शुरुआत निराशाजनक रहल। 8.4 ओवर में 29 रन पs ओकर चार विकेट गिर गइल। ओपनर शेफाली वर्मा आ विकेटकीपर यास्तिका भाटिया खाता खोलले बिना आउट हो गइल लो। दुनो के केट क्रॉस बोल्ड कइली।कप्तान हरमनप्रीत कौर चार रन बनाके क्रॉस के गेना पs एलबीडब्ल्यू हो गइली। उनका बाद हरलीन देओल के तीन रन के निजी स्कोर पs फ्रेया डेविस एलबीडब्ल्यू कइली।

स्मृति आ दीप्ति पारी के संभारल लो

चार विकेट गिर गइला के बाद अनुभवी ओपनर स्मृति मंधाना दीप्ति शर्मा के संगे मिलके पांचवां विकेट खातिर 58 रन के साझेदारी कइली। स्मृति 79 गेना पs 50 रन बनाके 24वां ओवर के दूसरका गेना पs आउट हो गइली। उनका के क्रॉस बोल्ड कइली। स्मृति अपना पारी में पांच चौका लगवली। एकरा बाद दीप्ति हेमलता के साथे मिलके छठा विकेट खातिर 21 आ पूजा वस्त्राकर के साथे मिलके सातवां विकेट खातिर 40 रन के साझेदारी कइली। हेमलता 17 गेना पs दु रन बनाके सोफी एक्लेस्टोन के गेना पs चारलोट डीन के कैच थमा बइठली। उनका बाद पूजा 38 गेना पs 22 रन बनाके डीन के गेना पs

दीप्ति आखिरी विकेट खातिर राजेश्वरी गायकवाड़ के साथे मिलके 18 रन जोडली। ऊ 106 गेना पs 68 रन बनाके नाबाद रहली। ऊ अपना पारी में सात चौका लगवली। आखिरी के तीन बल्लेबाज झूलन, रेणुका सिंह आ राजेश्वरी खाता खोलले बिना पवेलियन लौट गइल लो। इंग्लैंड खातिर केट क्रॉस चार विकेट लेली। फ्रेया केम्प आ एक्लेस्टोन दु-दु विकेट अपना नावे कइल लो। फ्रेया डेविस आ चारलोट डीन के एक-एक सफलता मिलल।

65 रन पs गिर गइल इंग्लैंड के सात विकेट

इंगलैंडो के शुरुआत खराब रहल। 17 ओवर में ओकर सात विकेट गिर गइल। तब टीम के स्कोर 65 रन रहे।। रेणुका सिंह  शुरुआती तीन बल्लेबाजन के पवेलियन भेजली। ऊ एमा लंब (21 रन) के यास्तिका भाटिया के हाथे कैच करवली। टैमी ब्यूमॉन्ट (आठ) आ सोफिया डंकली (सात) के रेणुका क्लीन बोल्ड कइली। एलिस कैप्सी (पांच) के झूलन हरलीन देओल के हाथे कैच करवली। राजेश्वरी गायकवाड़ डेनियल याट (आठ) आ सोफी एक्लेस्टोन (शून्य) के पवेलियन भेजली। दीप्ति शर्मा फ्रेया केम्प (पांच) के हरलीन के हाथे कैच आउट कराके टीम इंडिया के सातवां सफलता दिलवली।

रेणुका सिंह शानदार गेंदबाजी कइली। फोटो – सोशल मिडिया

सात विकेट गिर गइला के बाद कप्तान एमी जोन्स चारलोट डीन के साथ आठवां विकेट खातिर 38 रन के साझेदारी कs के टीम के 100 रन के पार पहुंचवली। जोन्स 30वां ओवर के चउथा गेना पs आउट हो गइली। उनका के रेणुका ठाकुर हरलीन के हाथे कैच करवली। केट क्रॉस 10 रन बनाके झूलन के गेना पs बोल्ड हो गइली।

दीप्ति शर्मा चारलोट डीन के नॉन-स्ट्राइकर एंड पs रनआउट कs देली। – फोटो : सोशल मीडिया

आखिरी विकेट में विवाद

इंग्लैंड के चारलोट डीन आखिरी खिलाड़ी फ्रेया डेविस के साथे मिलके टीम के जीत के करीब पहुंचावत रही। ऊ 10वां विकेट खातिर डेविस के साथे 49 गेना पs 35 रन के साझेदारी कs लेले रही। 44वां ओवर में दीप्ति शर्मा गेंदबाजी करत रहली। ऊ चउथा गेना करे खातिर आगे बढ़ले रहली कि डीन क्रीज छोड़ देली। दीप्ति गेना ना कइली आ डीन के नॉन-स्ट्राइकरे एंड पs रनआउट कs देली। डीन मांकडिंग के शिकार बन गइली। ऊ टीम के जीत ना दिला सकली आ रोवत मैदान से बाहर गइली। आईसीसी एकरा के नियमन में शामिल कs लेले बा। कवनो बल्लेबाज गेना फेंकला से पहिले नॉन-स्ट्राइकर एंड से आगे बढ़त बा तs गेंदबाज ओकरा के रनआउट कs सकत बा।

साभार: अमर उजाला

341150cookie-checkIND W vs ENG W: भारतीय टीम झूलन के आखिरी मैच में देलस शानदार तोहफा, इंग्लैंड के सीरीज में कइलस सूपड़ा साफ

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.