[the_ad_group id="30365"]

सूर्यकुमार के तूफान में उड़ल हॉन्गकॉन्ग, भारत के पक्का भइल सुपर-4 में जगह, कोहली बनवलें अर्धशतक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत हॉन्गकॉन्ग के 40 रन से हरा दिहलें बा। एह जीत के संगे भारत सुपर-4 में जगह बना लेहलें बा। भारत अपने ग्रुप यानी ग्रुप-ए में शीर्ष पर रहल। पिछले मैच में भारतीय टीम पाकिस्तान ले हरवलें रहे। अब 2 सितंबर के पाकिस्तान अउर हॉन्गकॉन्ग के बीच नॉकआउट मैच खेलल जाई। दूनों में से जीते वाली टीम सुपर-4 में जगह बनाई।

भारत के ओर से सूर्यकुमार यादव अउरी विराट कोहली जीत के हीरो रहलें। दूनों लोग तिसरा विकेट ख़ातिर 42 गेंद में 98 रन के नाबाद साझेदारी कइल। सूर्यकुमार 26 गेंद में 68 रन के नाबाद तूफानी पारी खेललें। उहवें, कोहली 44 गेंद में एक चौका अउर तीन छक्का के मदद से 59 रन के नाबाद पारी खेललें। सूर्यकुमार के उनकर पारी खातिर प्लेयर ऑफ द मैच अवॉर्ड भी दिहल गइल। हॉन्गकॉन्ग के ओर से बाबर हयात सबसे ज्यादा रन बनवलें। उ 35 गेंद में 41 रन बनवलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]