[the_ad_group id="30365"]

Road Safety World Series: इंडिया लीजेंड्स के कप्तान होंइहें सचिन तेंदुलकर, इहां देखीं टूर्नामेंट के शेड्यूल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रोड सेफ्टी वर्ल्ड सीरीज के वापसी हो रहल बा। पिछला साल ई टूर्नामेंट काफी हिट रहल रहे आ काफी संख्या में लोग अपना पसंदीदा क्रिकेटर के खेलत देखे खातिर स्टेडियम में पहुंचल रहे लो। पिछला बेर ई टूर्नामेंट रायपुर में खेलल गइल रहे। अब एकर दूसरा संस्करण के घोषणा हो चुकल बा। बियफे के आयोजकन द्वारा टूर्नामेंट के तारीखन के एलान कइल गइल । एह साल ई टूर्नामेंट 10 सितंबर से सुरू होई आ 22 दिनन तक चली।

टूर्नामेंट के आगाज कानपुर में मैच से होई। ओहिजा, एह बार मैच देश के दु और मैदानन में खेलल जाई। दुनो सेमीफाइनल आ फाइनल रायपुर के मैदान में खेलल जाई। प्रेस रिलीज में बतावल गइल कि एह टूर्नामेंट खातिर इंदौर आ देहरादून के मैदानन के चुनल गइल बा। एह साल आठ टीम हिस्सा लिही। एमे भारत के अलावा न्यूजीलैंड, वेस्टइंडीज, ऑस्ट्रेलिया, श्रीलंका, दक्षिण अफ्रीका, बांग्लादेश आ इंग्लैंड के टीम सामिल बा। एह टूर्नामेंट में रिटायर हो चुकल क्रिकेटर्स हिस्सा लेला लो।

पिछला टूर्नामेंट के विजेता टीम इंडिया लीजेंड्स

रोड सेफ्टी वर्ल्ड सीरीज देस आ विश्व भर में सड़क सुरक्षा के प्रति जागरुकता ले आवे के उद्देश्य से खेलल जाला। एमे भारत सरकार के परिवहन मंत्रालय आ सूचना एवं प्रसारण आ खेल मंत्रालय के समर्थन हासिल बा। टूर्नामेंट में ब्रायन लारा, तिलकरत्ने दिलशान, शेन वॉटसन, रॉस टेलर जइसन पूर्व दिग्गज क्रिकेटर खेलत लउकी लो। 2021 में भइल पिछला संस्करण के इंडिया लीजेंड्स जीतले रहे। फाइनल में भारत श्रीलंका के 14 रन से हरवले रहे।

पिछला टूर्नामेंट में इंडिया लीजेंड्स के टीम

टूर्नामेंट के लेके सड़क परिवहन आ राजमार्ग मंत्री नितिन गडकरी कहले- रोड सेफ्टी वर्ल्ड सीरीज क्रिकेट के माध्यम से लोगन के बीचे सड़क सुरक्षा के प्रति जागरूकता ले आवे खातिर बहुत निम्मन पहल बा। हमनी के चाहत बानी कि हर आदमी जागरूक रहे आ सड़क से जुड़ल सब नियमन आ दिसा निरदेसन के पालन करे। हमरा पूरा विश्वास बा कि ई सीरीज एमे अहम भूमिका निभाई।

वीरेंद्र सहवाग आ सचिन तेंदुलकर बांग्लादेश लीजेंड्स के खिलाफ

ओहिजा, खेल मंत्री अनुराग ठाकुर कहले- हमरा पूरा विश्वास बा कि रोड सेफ्टी वर्ल्ड सीरीज सामाजिक बदलाव में अहम भूमिका निभाई। एतने ना, ई सीरीज ट्रैफिक रूल्स आ सुरक्षा के प्रति लोगन के नजरिया बदले खातिर आदर्श मंच साबित होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]