[the_ad_group id="30365"]

भारत बनाम हॉन्गकॉन्ग : पहिला बेर हॉन्गकॉन्ग से टी-20 में खेली भारत, ई हो सकsता दूनों टीम के प्लेइंग-11

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पाकिस्तान के खिलाफ पांच विकेट से रोमांचक जीत हासिल कइला के बाद टीम इंडिया बुधवार के आपन अंतिम ग्रुप मैच क्वालिफायर हॉन्गकॉन्ग के खिलाफ खेली। रोहित शर्मा के कोशिश रही कि एह मुकाबला के जरिये केएल राहुल, युजवेंद्र चहल जइसन ख़िलाड़ियन के अपने लय में वापस अइले के मौका मिल जाए। विराट कोहली के भी कोशिश रही कि अपने बल्ला से धमाकेदार पारी खेल के आपन पुरान आत्मविश्वास वापस हासिल कर सकें।

राहुल पाक के खिलाफ एह साल के अपना पहला टी-20 खेलले, लेकिन नसीम शाह के खिलाफ पहिले गेंद पर बोल्ड हो गइलें। भारत अउर पाक के एशिया कप में दो अउर मुकाबला संभावित बा। अइसन में राहुल के कमजोर हॉन्गकॉन्ग के खिलाफ लय हासिल कइल टूर्नामेंट के आगे के मुकाबला में टीम खातिर हितकर रही।

चार साल पहिले हॉन्गकॉन्ग देहले रहल टक्कर

हॉन्गकॉन्ग के टीम भारत अउरी पाकिस्तान के क्रिकेटरन के मिलाकर बनल बा, लेकिन चार साल पहिले एशिया कप में खेलल गइल वनडे में भारत के कड़ा टक्कर देहलें रहे। हालांकि दूनों टीमों के बीच ई पहिला टी-20 मुकाबला होई। भारत हॉन्गकॉन्ग के खिलाफ अब ले 2 वनडे खेलले बा अउर दूनों जीतल बा।

चार साल पहिले खेलल गइल वनडे में भारत दुबई में ही हॉन्गकॉन्ग पर 26 रन से जीत हासिल कइले रहे। वर्तमान में टीम के कप्तान निजाकत खान एंशी राठ के साथ पहिले विकेट खातिर 174 रन के साझेदारी निभवलें रहलें। निजाकत तब 92 रन के पारी खेललें रहलें। वर्तमान टीम में शामिल किंचित शाह तब 39 रन देके तीन विकेट लिहलें रहलें।

दूनों टीम के संभावित प्लेइंग-11

भारत: रोहित शर्मा (कप्तान), केएल राहुल, विराट कोहली, ऋषभ पंत (विकेटकीपर), दीपक हुड्डा, हार्दिक पांड्या, दिनेश कार्तिक, आर अश्विन, आवेश खान, रवि बिश्नोई, अर्शदीप सिंह।

हॉन्गकॉन्ग: निजाकत खान (कप्तान), बाबर हयात, यास्मीन मुर्तजा, किनचित शाह, स्कॉट मैककेनी (विकेटकीपर), हारून अरशद, एजाज खान, जीशान अली, एहसान खान, आयुष शुक्ला, मोहम्मद गजानफर।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]