[the_ad_group id="30365"]

जीएसटी चोरी के खिलाफ छापेमारी पs लागल अनिश्चित समय खातिर रोक, बैपारियन के खीस के देखत लिहल गइल निर्णय

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राज्यकर विभाग द्वारा चलावल जा रहल जीएसटी चोरी के खिलाफ अभियान पs अनिश्चितकालीन रोक लगा दिहल गइल बा। सूत्रन के हवाले से मिलल जानकारी के अनुसार बैपारियन के खीस के देखत ई निर्णय लिहल गइल बा। छापेमारी के खिलाफ व्यापारी खिसियाइल बानें अउर प्रदर्शन कs रहल बानें।

राज्यकर आयुक्त मिनिस्ती एस. के निर्देश पs जीएसटी चोरी के खिलाफ अभियान चलत रहे। एह अभियान के छठवे दिन सब 71 जिला में कई कारोबारियन के इहां छापा पड़ल अउर उनके लेनदेन के जांच कइल गइल। 248 टीम द्वारा एक संगे कइल गई कार्रवाई में बड़ पैमाना पर टेक्स के चोरी पकड़ल जात रहल। एही कड़ी में छठवे दिन 180 से अधिक बैपारियन के इहां छापा डार के जांच-पड़ताल कइल गइल।

एकरे पहिले, व्यापारिक प्रतिष्ठानन पs छापा मारे के कार्रवाई अतवारो के जारी रहल। अधिकारी लोग छठवे दिन छापा में जहां 19.05 करोड़ रुपया के टेक्स चोरी पकड़ल, उहवें तमाम बैपारियन से 1.37 करोड़ रुपया के जुर्मानो जमा करावल। छठवे दिन माल आदि के जब्ती नाइ कइल गइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]