[the_ad_group id="30365"]

भारत पाकिस्तान के OTT platform पs लगवलस प्रतिबंध, मुंबई हमला के बरसी पर जारी कइले रहे पहिला एपिसोड

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केंद्र सरकार भारत विरोधी वेब सीरीज सेवक के स्ट्रीमिंग के बाद पाकिस्तान के ओटीटी प्लेटफार्म विडली टीवी पs प्रतिबंध लगा देले बिया। सूचना आ प्रसारण मंत्रालय के वरिष्ठ सलाहकार कंचन गुप्ता ट्विटर पोस्ट में कहलें कि मंत्रालय सोमार के पाकिस्तानी ओटीटी प्लेटफार्म विडली टीवी के वेबसाइट, दु गो मोबाइल एप, चार इंटरनेट मीडिया अकाउंट आ एगो स्मार्ट टीवी एप के तत्काल ब्लाक करे के निरदेस जारी कइल गइल बा।सूचना आ प्रसारण मंत्रालय आइटी नियम 2021 के तहत ई कार्रवाई कइले बा।

भारत के संप्रभुता के खतरा

पूरा तरह से फर्जी आ भड़काऊ एह वेब सीरीज के पाकिस्तान के सूचना संचालन तंत्र द्वारा प्रायोजित कइल गइल रहे। एकरा माध्यम से भारत के संप्रभुता आ अखंडता, राष्ट्रीय सुरक्षा, सार्वजनिक व्यवस्था खातिर खतरा पैदा कइल गइल। एह वेब सीरीज के पहिला एपिसोड मुंबई हमला के बरसी 26 नवंबर, 2022 के जारी कइल गइल रहे। वेब सीरीज के अब तक तीन एपिसोड रिलीज कइल जा चुकल बा। एह वेब-सीरीज में आपरेशन ब्लू स्टार आ ओकरा परिणाम, अयोध्या में विवादित ढांचा के विध्वंस, ईसाई मिशनरी के हत्या, मालेगांव विस्फोट, समझौता एक्सप्रेस धमाका जइसन संवेदनशील घटना के गलत तरीका से दर्शाके भारत के संप्रभुता आ अखंडता, राष्ट्रीय सुरक्षा खातिर खतरा पैदा कइल गइल। पिछला साल भारत राष्ट्र के संप्रभुता आ सुरक्षा खातिर खतरा के धेयान में राखत इंटरनेट मीडिया प्लेटफार्म जइसे टिकटाक, वीचैट आ हेलो सहित 59 चीनी मोबाइल एप पर प्रतिबंध लगा देले रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]