[the_ad_group id="30365"]

T20 World Cup 2022: ई बा सेमीफाइनल में पहुंचे वाला चारो टीम, देखीं पूरा शेड्यूल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आईसीसी टी20 वर्ल्ड कप 2022 के सेमीफाइनल मुकाबला खातिर चार टीमन के नाम तय हो गइल बा। ग्रुप 2 के तीन रोमांचक मुकाबलन के बाद अतवार के भारत आ पाकिस्तान सेमीफाइनल में जगह बनवलस। ग्रुप 1 से न्यूजीलैंड आ इंग्लैंड पहिलही सनीचर के सेमीफाइनल खातिर क्वालीफाई क लेले रहे। पाकिस्तान अतवार के बांग्लादेश के हराके आ भारत जिम्बाब्वे के हराके सेमीफाइनल में प्रवेश कइलस।

नीदरलैंड से हारके दक्षिण अफ्रीका बाहर

दक्षिण अफ्रीका के टीम एगो बड़ उलटफेर के शिकार हो गइल आ नीदरलैंड के हाथन हारके टूर्नामेंट से बाहर हो गइल। सनीचर तक ग्रुप 2 से सेमीफाइनल में पहुंचे वाला टीमन में भारत, दक्षिण अफ्रीका आ पाकिस्तान के नाम रहे। बाकिर, दक्षिण अफ्रीका के हरला के बाद पाकिस्तान के रस्ता साफ हो गइल आ ऊ आसानी से क्वालीफाई क गइल। भारत आखिरी जीत के संगे अंक तालिका में टॉप प पहुंच गइल।

10 नवंबर के भारत आ इंग्लैंड के मुकाबला

नव आ 10 नवंबर के सेमीफाइनल के मुकाबला खेलल जाई। पहिला मुकाबला न्यूजीलैंड आ पाकिस्तान के बीच खेलल जाई। ई मुकाबला नव नवंबर के सिडनी में खेलल जाई। दूसरा मुकाबला एडिलेड में भारत आ इंग्लैंड के बीच खेलल जाई।  दुनो सेमीफाइनल में जीते वाला टीमन के बीचे 13 नवंबर दिन अतवार के मेलबर्न में फाइनल मुकाबला खेलल जाई। मैच भारतीय समयानुसार दुपहर 1:30 बजे शुरू होई।

सूर्यकुमार 25 गेंद प जड़लें 61 रन

मैच के बात करीं त भारत पहिले बल्लेबाजी करत सूर्यकुमार यादव के धमाकेदार 25 गेना प 61 रनन के पारी आ केएल राहुल के अर्धशतक के दम प जिम्बाब्वे के 187 रनन के लक्ष्य दिहल। लक्ष्य के पीछा करे उतरल जिम्बाब्वे के टीम 17.2 ओवर में 115 रन बना सकल। भारत ई मुकाबला 71 रन से जीत लेलस।

टीम एह प्रकार बा

भारत : केएल राहुल, रोहित शर्मा (कप्तान), विराट कोहली, सूर्यकुमार यादव, हार्दिक पांड्या, ऋषभ पंत (विकेटकीपर), अक्षर पटेल, रविचंद्रन अश्विन, भुवनेश्वर कुमार, मोहम्मद शमी, अर्शदीप सिंह, युजवेंद्र चहल, हर्षल पटेल, दीपक हुड्डा, दिनेश कार्तिक।

पाकिस्तान : मोहम्मद रिजवान (विकेटकीपर), बाबर आजम (कप्तान), मोहम्मद हारिस, शान मसूद, इफ्तिखार अहमद, मोहम्मद नवाज, शादाब खान, मोहम्मद वसीम जूनियर, नसीम शाह, हारिस रऊफ, शाहीन अफरीदी, आसिफ अली, खुशदिल शाह, मोहम्मद हसनैन, हैदर अली।

न्यूजीलैंड : फिन एलन, डेवोन कॉनवे (विकेटकीपर), केन विलियमसन (कप्तान), ग्लेन फिलिप्स, जेम्स नीशम, डेरिल मिशेल, मिशेल सेंटनर, ईश सोढ़ी, टिम साउथी, लॉकी फर्ग्यूसन, ट्रेंट बोल्ट, माइकल ब्रेसवेल, मार्क चैपमैन, एडम मिल्ने, मार्टिन गप्टिल।

इंग्लैंड : एलेक्स हेल्स, जोस बटलर (कप्तान और विकेटकीपर), डेविड मालन, बेन स्टोक्स, हैरी ब्रूक, लियाम लिविंगस्टोन, मोइन अली, सैम कुरेन, क्रिस वोक्स, आदिल राशिद, मार्क वुड, क्रिस जॉर्डन, डेविड विली, टाइमल मिल्स, फिलिप साल्ट।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]