[the_ad_group id="30365"]

IND vs SL: असमंजस में भारतीय टीम! छह दिन पहिले स्क्वॉड में स्पेशल एंट्री पावे वाले बुमराह वनडे सीरीज से बाहर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय क्रिकेट टीम में असमंजस के स्थिति बरकरार बा। 6 दिन पहिले श्रीलंका के खिलाफ वनडे सीरीज खातिर टीम इंडिया में ‘स्पेशल’ एंट्री पावे वाले जसप्रीत बुमराह अब एह सीरीज से भी बाहर हो गइल बानें।

न्यूज एजेंसी पीटीआई के मुताबिक, बीसीसीआई बुमराह के अभिन एतना जल्दी एक्शन में वापस नाइ लावे के अउर फिटनेस के आधार पर उनके सीरीज से आराम देवे के फैसला लिहले बा। उहवें, छह दिन पहिले यानी तीन जनवरी के बीसीसीआई बुमराह के स्क्वॉड में शामिल करे के जानकारी दिहले रहनें। हालांकि, बीसीसीआई एह मामला में अभिन ले कौनो आधिकारिक पुष्टि नइखे कइले।

जसप्रीत बुमराह
पीठ की चोट के चलते बुमराह सितंबर 2022 से टीम इंडिया से बाहर रहनें। ऊ एशिया कप अउर टी20 विश्व कप में भी टीम इंडिया के हिस्सा नाइ रहनें। चोट से उबरले के बाद वह लमहर समय से नेशनल क्रिकेट एकेडमी में ट्रेनिंग कs रहल बानें। हालही में एनसीए बुमराह के पूरी तरह से फिट घोषित कs दिहले रहे।
तीन जनवरी के उनके श्रीलंका के खिलाफ वनडे सीरीज खातिर टीम इंडिया में शामिल कइल गइल रहे। ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ अहम टेस्ट सीरीज से पहिले बुमराह के भारतीय टीम में शामिल होखले से फैंस काफी खुश रहनें। हालांकि, अब फिर से फैंस के झटका लागल। बुमराह गुवाहाटी भी नाइ पहुंचल बानें। गुवाहाटी में ही भारतीय टीम श्रीलंका के खिलाफ पहिला वनडे मैच खेली
जसप्रीत बुमराह
मानल जा रहल बा कि टीम मैनेजमेंट एनसीए के सलाह पर ई फैसला लिहल गइल बा। वनडे वर्ल्ड कप के ध्यान में रखत बीसीसीआई कौनो रिस्क नइखे लेहल चाहत। इहे कारण बा कि ऐन मौका पर जसप्रीत बुमराह के सीरीज से बाहर रखले के फैसला लिहल गइल, ताकि उनके वापसी खातिर पूरा वक्त मिल सके।
शास्त्री और बुमराह

श्रीलंका के खिलाफ वनडे सीरीज के लिए भारतीय टीम

रोहित शर्मा (कप्तान), शुभमन गिल, विराट कोहली, सूर्यकुमार यादव, श्रेयस अय्यर, केएल राहुल (विकेटकीपर), ईशान किशन (विकेटकीपर), हार्दिक पांड्या (उपकप्तान), वॉशिंगटन सुंदर, युजवेंद्र चहल, कुलदीप यादव, अक्षर पटेल, मोहम्मद शमी, मोहम्मद सिराज, उमरान मलिक, अर्शदीप सिंह, जसप्रीत बुमराह (नाइ खेलिहें)।
राहुल द्रविड़ और जसप्रीत बुमराह

भारत अउर श्रीलंका के बीच वनडे सीरीज के शेड्यूल

पहला वनडे, 10 जनवरी, गुवाहाटी
दूसरा वनडे, 12 जनवरी, कोलकाता
तीसरा वनडे, 15 जनवरी, तिरुवनंतपुरम
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]