[the_ad_group id="30365"]

Bomb Threat: मॉस्को-गोवा के फ्लाइट में सुरक्षा दस्ता के जांच पूरा, नाइ मिलल कुछुओ सुबहाँ लाएक, बम के सूचना अफवाह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मॉस्को से गोवा जात चार्टर्ड विमान में बम होखले के सूचना के बाद हड़कंप मच गइल। जेकरे बाद तत्काल एकर जामनगर में आपात लैंडिंग करवावल गइल अउर सुरक्षा दस्ता मोर्चा संभाल लिहलस। ताजा जानकारी के मुताबिक अब विमान के अंदर जांच पूरा कs लिहल गइल कुछुओ संदिग्ध नाइ मिलल। बम होखले के सूचना महज अफवाह रहल। हवाई अड्डा के निदेशक के अनुसार फ्लाइट आजु सुबह 10:30 बजे से 11 बजे के बीच गोवा ख़ातित रवाना हो सकsता।

का ह मामला?

बता देईं कि मॉस्को से गोवा जात चार्टर्ड विमान में बम होखले के सूचना के बाद हड़कंप मच गइल। दरअसल, गोवा एटीसी के पास एगो मेल आइल। जेमें विमान में बम होखले सूचना दीहल गइल। एकरे बाद तत्काल फ्लाइट के जामनगर में इमरजेंसी लैंडिंग करावल गइल। सब यात्रियन के सुरक्षित विमान से बाहर निकाल लिहल गइल बा। विमान के गंभीरता के संगे जांच कइल गइल।

जामनगर हवाईअड्डा पर बम निरोधक दस्ता मोर्चा संभाल लिहलस। विमान ‘आइसोलेशन वे’ में बा अउर आगे के जांच चल रहल बा। जामनगर हवाईअड्डा के निदेशक बतवलें कि मॉस्को-गोवा चार्टर्ड फ्लाइट में सवार सब 244 यात्रियन के रात करीब 9.49 बजे हवाई अड्डा पर सुरक्षित रूप से उतार लिहल गइल। उहवें एनएसजी कमांडो भी एयरपोर्ट खातिर रवाना हो गइल बानें।

जामनगर कलेक्टर सौरभ पारघी कहनें कि सुरक्षा एजेंसी 9 घंटा ले एयरपोर्ट के घेराबंदी कइलस। विमान अउर यात्रियन के सघन जांच कइल गइल बा। यात्री के सामान के जांच कइल जा रहल बा अउर विवरण के सत्यापन कइल जा रहल बा।

गोवा अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डा पर कड़ा सुरक्षा

गोवा एटीसी के मॉस्को-गोवा चार्टर्ड फ्लाइट में बम के धमकी मिलले के बाद गोवा अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डा के बाहर सुरक्षा कड़ा कs दीहल गइल बा। चार्टर्ड फ्लाइट के गुजरात के जामनगर के ओर मोड़ दिहल गइल बा। विमान आइसोलेशन बे में बा अउर आगे के जांच चल रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]