Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Weather Update: उत्तर से दक्षिण ले ठंड के कहर, UP-पंजाब में कोहरा से दृश्यता जीरो

जानीं दूसर राज्यन के हाल

192

दिल्ली-एनसीआर  समेत उत्तर भारत में भीषण ठंड के सामना कर रहल लोग के राहत नइखे मिलत। सोमार के दिन के शुरुआत घन कोहरा से भइल, एकरे साथही शीतलहर भी लोग पर जमकर कहर बरपवले ब भारत मौसम विज्ञान विभाग के ओर से जारी पूर्वानुमान में कहल गइल बा कि अगिले दु दिन ले शीतलहर से राहत मिले वाला नाइ बा।

IMD के मुताबिक, उत्तरी राजस्थान, दक्षिणी हरियाणा, चंडीगढ़, दिल्ली, पूर्वी मध्य प्रदेश, बिहार, झारखंड, उत्तर प्रदेश, विदर्भ, छत्तीसगढ़, तेलंगाना के कुछ हिस्सा में दू दि तक गंभीर शीतलहर के स्थिति बनल रह सकsता।

दिल्ली-यूपी में दृश्यता न के बराबर 

मौसम विभाग के मुताबिक, दिल्ली-एनसीआर समेत आसपास के इलकों में कोहरा के चादर पसरले के कारण दृश्यता न के बराबर रहल। बठिंडा में शून्य दृश्यता रहल त अमृतसर में 25 मीटर, अंबाला में 25 मीटर, हिसार में 50 मीटर, दिल्ली(सफदरगंज) में 25 मीटर, पालम में 50 मीअर, आगरा में शून्य, लखनऊ में शून्य, वाराणसी में 25 मीटर, बहराइच में 50 मीटर, प्रयागराज में 50 मीटर, बिहार  के पुर्णिया, पटना व गया में 50 मीटर, गंगानगर में 25 मीटर र।

अभीन अउर गिरेगा पारा, पसरल रही घन कोहरा

मौसम विभाग के कहनाम बा कि अगले तीन दिन के दौरान पूर्वी भारत के अधिकांश हिस्सा में न्यूनतम तापमान में खास बदलाव के आसार नइखे दिखाई देत। मध्य भारत में अगले एक दू दिन में पारा दो से तीन डिग्री तक गिर सकsता। एकरे अलावा दिल्ली-एनसीआर, उत्तर प्रदेश, राजस्थान, चंडीगढ़, पंजाब अउर हरियाणा में कोहरा अउर बढ़ले के संभावना जतावल गइल बा। इहे हाल हिमाचल प्रदेश, उत्तराखंड, पश्चिम बंगाल में रहे वाला बा।

434350cookie-checkWeather Update: उत्तर से दक्षिण ले ठंड के कहर, UP-पंजाब में कोहरा से दृश्यता जीरो

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.