[the_ad_group id="30365"]

IND vs PAK Asia Cup T20 Live Streaming: भारत-पाकिस्तान में होई आज भिड़ंत, जानीं टीवी-मोबाइल पs कइसे देख सकेम मैच

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एशिया कप में भारत आ पाकिस्तान के बीचे हाई वोल्टेज मैच अतवार के दुबई इंटरनेशनल क्रिकेट स्टेडियम में खेलल जाई। दुनो टीम के आठ दिन में दूसरा बेर आमने-सामने होई। सुपर-4 राउंड में भारत आ पाकिस्तान के ई पहिला मैच होगा। रोहित शर्मा के कप्तानी वाली टीम ग्रुप राउंड में दुनो मैच जीतल रहे। ओहिजा, बाबर आजम के कप्तानी वाली टीम के एगो जीत मिलल रहे। हालांकि, पाकिस्तान आपन आखिरी मैच बड़ अंतर से जीतले रहे, बाकिर भारत के हॉन्गकॉन्ग के खिलाफ जीत हासिल करे में मुश्किल भइल रहे।

भारत पाकिस्तान के पिछला मुकाबला में पांच विकेट से हरवले रहे। टीम इंडिया ओह फॉर्म के जारी राखल चाही आ पाकिस्तान के खिलाफ एशिया कप में लगातार पांचवां जीत दर्ज कइल चाही। 28 अगस्त के मिलल जीत से पहिले भारत 2016 में पाकिस्तान के पांच विकेट से हरवले रहे। एकरा बाद 2018 एशिया कप में टीम इंडिया पहिला मैच में आठ विकेट आ दूसरका मैच में नौ विकेट से ओकरा के शिकस्त देले रहे।

आई जानल जाव एह मैच के प्रसारण आ ऑनलाइन टेलीकास्ट से जुड़ल सब जानकारी…

कब होई भारत आ पाकिस्तान के बीच मैच?

भारत आ पाकिस्तान के बीच एशिया कप में सुपर-4 राउंड के ई मुकाबला चार सितंबर माने अतवार के खेलल जाई।

कहां खेलल जाई भारत आ पाकिस्तान के बीच मैच

भारत आ पाकिस्तान के बीच ई मैच दुबई इंटरनेशनल क्रिकेट स्टेडियम में खेलल जाई।

कब शुरू होई भारत आ पाकिस्तान के मुकाबला?

भारत आ पाकिस्तान के मैच में टॉस भारतीय समय के मोताबिक साँझ 7:00 बजे होई। पहिला गेना साँझ 7:30 बजे फेंकल जाई।

कवना टीवी चैनल पs प्रसारित होई मैच?

एशिया कप के प्रसारण के अधिकार स्टार स्पोर्ट्स नेटवर्क के लगे बा। रउआ स्टार स्पोर्ट्स 1, स्टार स्पोर्ट्स 3, स्टार स्पोर्ट्स सेलेक्ट एचडी पs ई मैच देख सकत बानी।

फोन भा लैपटॉप पs कइसे देख सकत बानी लाइव मैच

एह मैच के लाइव-स्ट्रीमिंग भारत में डिज्नी प्लस हॉटस्टार एप पs देखल जा सकेला। एकरा अलावे आप मैच से जुड़ल खबर आ रिकॉर्ड्स www.khabarbhojpuri.com पs भोजपुरी में पढ़ सकेनी।

फ्री में कइसे देखल जा सकेला मैच?

डीडी फ्री डिश में एह मैच के प्रसारण डीडी स्पोर्ट्स चैनल पs कइल जा रहल बा। डीडी स्पोर्ट्स चैनल खातिर कवनो शुल्क ना देवे के पड़ेला। अइसन में रउआ बिना कवनो पईसा देले एह टूर्नामेंट के मैच देख सकत बानी।

दुनो टीमन के संभावित प्लेइंग-11

भारत: रोहित शर्मा (कप्तान), केएल राहुल, विराट कोहली, सूर्यकुमार यादव, ऋषभ पंत/दिनेश कार्तिक (विकेटकीपर), हार्दिक पांड्या, अक्षर पटेल, भुवनेश्वर कुमार, आर अश्विन, अर्शदीप सिंह, युजवेंद्र चहल/रवि बिश्नोई।

पाकिस्तान: बाबर आजम (कप्तान), मोहम्मद रिजवान (विकेटकीपर), फखर जमान, इफ्तिखार अहमद, खुशदिल शाह, शादाब खान, आसिफ अली, मोहम्मद नवाज, नसीम शाह, हारिस रऊफ, हसन अली/मोहम्मद हसनैन।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]