[the_ad_group id="30365"]

T20 World Cup: भारत खातिर बुरा खबर, टी20 वर्ल्ड कप से बाहर हो सकत बाड़ें रविंद्र जडेजा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत के हरफनमौला खिलाड़ी रवींद्र जडेजा के घुटना के चोट के कारण टी20 वर्ल्ड कप से बाहर हो सकत बाड़े। पीटीआई के मोताबिक उनका घुटना के सर्जरी के जरूरत पड़ सकत बा आ ऊ बहुत लमहर समय खातिर प्रतिस्पर्धी क्रिकेट से बाहर हो सकत बाड़े। एकरा पहिले अनुभवी ऑलराउंडर रविंद्र जडेजा दहिना घुटना के चोट के कारण एशिया कप क्रिकेट टूर्नामेंट 2022 से बाहर हो गइल रहस। बीसीसीआई सुक के ई जानकारी देलस।

बीसीसीआई बयान में कहलस, ”रवींद्र जडेजा के दहिना घुटना में चोट लगला के कारण एशिया कप क्रिकेट टूर्नामेंट से बाहर हो गइल बाड़े। ऊ फिलहाल बीसीसीआई के मेडिकल टीम के निगरानी में बाड़े।” चयनकर्ता समिति जडेजा के स्थान पs अक्षर पटेल में टीम में शामिल कइलस। अक्षर के पहिले स्क्वाड में अतिरक्ति खिलाड़ी के रूप में राखल गइल रहे, आ अब ऊ जल्दिये दुबई में टीम में शामिल होइहें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]