[the_ad_group id="30365"]

IND vs NZ: लखनऊ में रांची के हिसाब बराबर करे उतरी टीम इंडिया, अजेय बढ़त पs होई न्यूजीलैंड के निगाह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

IND vs NZ 2nd T20: भारत आ न्यूजीलैंड (IND vs NZ) के बीच तीन मैचन के टी-20 सीरीज के दूसरका मुकाबला लखनऊ के इकाना स्टेडियम (Bharat Ratna Shri Atal Bihari Vajpayee Ekana Cricket Stadium Lucknow) में 29 जनवरी के खेलल जाये के बा।

बता दीं कि भारतीय टीम के सीरीज के पहिला मुकाबला में न्यूजीलैंड के हाथन 21 रन से करारा शिकस्त मिलल। अइसन  में भारतीय टीम के सीरीज बचावे खातिर हर हाल में लखनऊ में होखे वाला टी20 मैच जीते के होई। आईं एह आर्टिकल के माध्यम से जानल जाव लखनऊ में भारतीय टीम के रिकॉर्ड कइसन रहल बा?

दरअसल, भारत आ न्यूजीलैंड (IND vs NZ 2nd T20) के बीच दूसरका टी-20 मैच लखनऊ के इकाना क्रिकेट स्टेडियम में 29 जनवरी के खेलल जाये के बा। बता दीं कि लखनऊ में टीम इंडिया के टी-20 रिकॉर्ड बहुते सानदार रहल बा। इहां पs भारत टी20 इंटरनेशनल में अब तक हर मुकाबला जीतल बा। हालांकि मैदान पs कुल पांच टी-20 खेलल गइल बा।

एह मैदान पs भारतीय टीम दु गो टी20 मैच खेलले बा, आ दुनों मैचों में भारत के जीत हासिल भइल बा। साल 2018 में भारत वेस्टइंडीज के खिलाफ पहिला टी-20 इंटरनेशनल लखनऊ में खेलले रहे। ओह मुकाबला में टीम इंडिया 71 रन से जीत दर्ज कइले रहे। एकरा बाद फरवरी 2022 में भारत दूसरका मुकाबला श्रीलंका के खिलाफ खेलल आ ओह मैच में 62 रनन से जीत हासिल कइलस। अइसन में न्यूजीलैंड के खिलाफ दूसरका टी-20 मैच में भारत जीत हासिल करे के चाही आ सीरीज में 1-1 बराबरी बनावे के इरादा से उतरी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]