भारत के बेटी लोग ICC U-19 Women T20 World Cup खिताब जीतके देश के मान बढ़वलस, फाइनल में अंग्रेजन के रउदलस लो

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 29, 2023

ICC U-19 Women T20 WC Match Report: भारतीय अंडर-19 महिला क्रिकेट टीम अतवार के आईसीसी महिला टी20 वर्ल्‍ड कप खिताब जीतके इतिहास रच दिहल। ई पहिला मवका बा जब भारतीय महिला लोग (सीनियर भा जूनियर)

Share

ICC U-19 Women T20 WC Match Report: भारतीय अंडर-19 महिला क्रिकेट टीम अतवार के आईसीसी महिला टी20 वर्ल्‍ड कप खिताब जीतके इतिहास रच दिहल। ई पहिला मवका बा जब भारतीय महिला लोग (सीनियर भा जूनियर) विश्‍व कप खिताब जीतल। शैफाली वर्मा के नेतृत्‍व वाली भारतीय अंडर-19 महिला क्रिकेट टीम पोचेफ्स्‍ट्रूम में खेलल गइल फाइनल मुकाबला में इंग्‍लैंड के 36 गेना शेष रहते सात विकेट से मात दिहल।

इंग्‍लैंड अंडर-19 टी20 वर्ल्‍ड कप फाइनल में पहिले बल्‍लेबाजी कइलस आ पूरा टीम 17.1 ओवर में खाली 68 रन पs ऑलआउट हो गइल। जवाब में भारतीय टीम 14 ओवर में तीन विकेट खोके लक्ष्‍य हासिल कs लेलस। भारतीय अंडर-19 महिला क्रिकेट टीम आईसीसी अंडर-19 महिला टी20 वर्ल्‍ड कप के पहिला चैंपियन बनल।

भारत के पारी के हाल

69 रन के आसान लक्ष्‍य के पीछा करे उतरल भारतीय महिला क्रिकेट टीम के शैफाली वर्मा (15) आ श्‍वेता सेहरावत (5) तेज सुरुआत दिलावल लो। बेकर वर्मा के मिड ऑन पs स्‍टोनहाउस के हाथन कैच आउट कराके भारत के पहिला झटका देली। एकरा बाद श्‍वेता सेहरावत स्‍क्रीवंस के गेना पs खराब शॉट खेलके आपन विकेट गंवा बइठली। शॉर्ट फाइन लेग पs बेकर सेहरावत के आसान कैच लपकली।

इहां से सौम्‍या तिवारी (24*) आ गोनगाडी त्रिशा (24) तीसरका विकेट खातिर 46 रन के साझेदारी कs के भारत के जीत के करीब पहुंचावल लो। स्‍टोनहाउस त्रिशा के बोल्‍ड कs के भारत के तीसरका झटका देली। तिवारी विजयी रन जमाके भारत के चैंपियन बनवली। इंग्‍लैंड के तरफ से हनाह बेकर, ग्रेस स्‍क्रीवंस आ एलेक्‍सा स्‍टोनहाउस के एक-एक विकेट मिलल।

भारतीय गेंदबाजन के बोलबाला

एकरा पहिले भारतीय कप्‍तान शैफाली वर्मा टॉस जीतके पहिले गेंदबाजी करे के फैसला कइली, जवना के उनकर गेंदबाज एकदम सटीक ठहरायवल। तितस साधू लिबर्टी हीप के खाता तक ना खोले देली आ अपना गेना पs उनकर आसान कैच लपकली।

एकरा बाद अर्चना देवी चउथा ओवर में नियाम हौलेंड (10) आ ग्रेस स्‍क्रीवंस (4) के आपन शिकार बनवली। साधू अपना स्‍पेल के आखिरी ओवर में सीरेन स्‍मेल (3) के बोल्‍ड कs के इंग्‍लैंड के बैकफुट पs धकेल देलस। इंग्‍लैंड 22 रन पs 4 विकेट गंवा देले रहे।

भारतीय गेंदबाज लोग आपन दबदबा कायम रखल आ इंग्‍लैंड के उबरे के कवनो मवका ना दिहल। पार्शवी चोपड़ा कारिस पावले (2) के एलबीडब्‍ल्‍यू आउट कs के इंग्‍लैंड के पांचवां झटका देली। चोपड़ा के गेना पs अर्चना देवी शॉर्ट कवर्स में हैरतअंगेज कैच पकड़के रेयाना मैक्‍डोनाल्‍ड गे के पारी का अंत कइली।

देखते देखत इंग्‍लैंड के पूरा टीम खाली 68 रन पs सिमट गइल। भारत के तरफ से तितस साधू, अर्चना देवी आ पार्शवी चोपड़ा दु-दु विकेट लिहल लो। मन्‍नत कश्‍यप, शैफाली वर्मा आ सोनम यादव के खाता में एक-एक सफलता आइल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.