Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IPL 2023 Schedule: WTC Final के कारण IPL के शेड्यूल में होई बदलाव! 28 मई के फाइनल, जानीं ताजा अपडेट

1,964

IPL 2023 Schedule: बीसीसीआई आईपीएल 2023 के फाइनल शेड्यूल ज्लादिये जारी कs सकत बा।  दरअसल, अइसन मानल जा रहल बा कि आईपीएल 2023 के आगाज 1 अप्रिल के होई, जबकि फाइनल मैच 28 मई के खेलल जाई.

ओहिजा, एकरा बाद वर्ल्ड टेस्ट चैंपियनशिप के फाइनल खेलल जाई। वर्ल्ड टेस्ट चैंपियनशिप के फाइनल मैच 8 जून से ओवल में खेलल जाई। एकरा पहिले बीसीसीआई आईपीएल 2023 के 74 दिनन तक आयोजित करवावल चाहती रहे, बाकिर अब एह शेड्यूल में बदलाव तकरीबन तय बा। अब आईपीएल के 16वां सीजन 74 दिन के बजाय 58 दिन तक चली।

का आईपीएल शेड्यूल से हो रहल बा वर्ल्ड टेस्ट चैंपियनशिप फाइनल के टकराव?

हालांकि, आईपीएल के फाइनल शेड्यूल फरवरी के पहिला सप्ताह में जारी कs दिहल जाई। मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक, बीसीसीआई आईपीएल 2023 के शेड्यूल के तकरीबन फाइनल कs चुकल बा, बाकिर ई अगिला महीना जारी कइल जाई। आईपीएल गर्वनिंग काउंसिल के बैठक होई, जेमे में ई फाइनल कइल जाई। आईपीएल गर्वनिंग काउंसिल के बैठक वीमेंस आईपीएल के टीम फाइनल होखला के बाद होई। बहरहाल, बीसीसीआई एह पs विचार कर रहल बा कि आईपीएल 2023 के मई के आखिर तक खतम करवा लिहल जाव।

आईपीएल प्लेऑफ में नजर ना आई लो ऑस्ट्रेलियाई खिलाड़ी!

वर्ल्ड टेस्ट चैंपियनशिप के फाइनल मैच जून के दूसरा सप्ताह में होखे के बा। एह वजह से बीसीसीआई मई के आखिर तक हर हाल में आईपीएल फाइनल करवावे के मूड में बा। बहरहाल, वर्ल्ड टेस्ट चैंपियनशिप के बात कइल जाव तs ऑस्ट्रेलिया के खेलल तकरीबन तय मानल जा रहल बा। जबकि दूसरका टीम खातिर टीम इंडिया के साउथ अफ्रीका आ श्रीलंका से टक्कर मिल रहल बा। अइसन  मानल जा रहल बा कि वर्ल्ड टेस्ट चैंपियनशिप के कारण ऑस्ट्रेलिया के कइयन गो खिलाड़ी आईपीएल प्लेऑफ के मिस कs सकत बा लो। एकरा अलावे ऑस्ट्रेलियाई टीम वर्ल्ड टेस्ट चैंपियनशिप फाइनल से तकरीबन 10 दिन पहिले इंग्लैंड रवाना होई।

443190cookie-checkIPL 2023 Schedule: WTC Final के कारण IPL के शेड्यूल में होई बदलाव! 28 मई के फाइनल, जानीं ताजा अपडेट

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.