[the_ad_group id="30365"]

इंग्लैंड पाकिस्तान के उनही के घर पs क्लीन स्वीप कइलस, तीसरा टेस्ट आठ विकेट से जीत के रचलस इतिहास

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इंग्लैंड पाकिस्तान के कराची में खेलल गइल तीसरे टेस्ट में आठ विकेट से हरा दिहलस। एह मैच के जीतले के संगही इंग्लिश टीम पाकिस्तान के तीन मैच के टेस्ट सीरीज में क्लीन स्वीप कs दिहलस। रावलपिंडी में खेलल गइल पहिला टेस्ट इंग्लैंड 74 रन से अउर दूसरा टेस्ट 26 रन से जीतले रहे। इंग्लैंड टेस्ट इतिहास में पहिला बेर पाकिस्तान के क्लीन स्वीप कइले बा। उहवें, पाकिस्तान के टीमो अपने घर में पहिला बेर टेस्ट सीरीज में क्लीन स्वीप भइल बा।

इंग्लैंड तीनों टेस्ट में हासिल कइलस जीत

तीसरे टेस्ट में पाकिस्तान पहिले बल्लेबाजी करत पहली पारी में 304 रन बनवले रहे। जवाब में इंग्लैंड ने 354 रन बनवलस अउर 50 रन के बढ़त हासिल कइलस। दूसरी पारी में पाकिस्तान 216 रन बनवलस अउर इंग्लैंड के सोझे 167 रन के लक्ष्य रखले रहे। इंग्लैंड दू विकेट पर ई लक्ष्य हासिल कs लिहलस। सबसे ढ़ेर अहम ई बा कि पाकिस्तान के कराची में तीसरे टेस्ट में हार मिलल बा। ई पाकिस्तान के पसंदीदा ग्राउंड ह अउर इहां कौनहू टीम के एक वेन्यू पर हाईएस्ट विन-लॉस रेशियो बा। पाकिस्तान इमैदान पर 23 मैच जीते हैं।
https://twitter.com/ESPNcricinfo/status/1605091880861147136?t=ec6zJ1KbQci9bFZuZsGbYw&s=19
पाकिस्तान के अजहर अली के ई आखिरी टेस्ट मैच रहल। ऊ टेस्ट से संन्यास ले लिहले बानें। हैरी ब्रुक के उनके शतकीय पारी खातिर प्लेयर ऑफ द मैच अवॉर्ड दिहल गइल। उहवें, तीनों टेस्ट मिला के ब्रुक  93.60 के औसत से 468 रन बनवलें। एहमें दू शतक अउर एक अर्धशतक शामिल बा। ब्रुक पाकिस्तान में कौनो इंग्लिश बल्लेबाज द्वारा टेस्ट सीरीज में सबसे ज्यादा रन बनावे के रिकॉर्ड अपने नाम कs लिहले रहलें। एह मामिला में ऊ डेविड गावर के रिकॉर्ड तूड़लें। गावर 1983 में पाकिस्तान दौरे पर टेस्ट सीरीज में 449 रन बनवले रहनें। ब्रुक के प्लेयर ऑफ द सीरीज के अवॉर्ड भी दिहल गइल।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]