[the_ad_group id="30365"]

IND vs BAN 1st टेस्ट तीसरा दिन: बांग्लादेश के पहिला पारी 150 रन पर सिमटल, भारत के लग्गे 254 रन के बढ़त

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत अउर बांग्लादेश के बीच दू मैच के टेस्ट सीरीज के पहिला मुकाबला चटग्राम में खेलल जा रहल बा। आजु मुकाबिला तीसरा दिन है। भारत पहिले पारी में 404 रन बनवले रहे। एकरे जवाब में बांग्लादेश के टीम 150 रन पर सिमट गइल। पहिला पारी के आधार पs भारत के 254 रन के बढ़त मिलल बा। हालांकि, भारतीय कप्तान लोकेश राहुल बांग्लादेश के फॉलोऑन देहले के बजाय दूसरा पारी में बल्लेबाजी करे के फैसला कइलें।

भारत अउर बांग्लादेश के बीच दू मैच के टेस्ट सीरीज के पहिला मुकाबला चटग्राम के जहूर अहमद चौधरी स्टेडियम में खेलल जा रहल बा। टेस्ट चैंपियनशिप के लिहाज से भारत खातिर ई मैच नगदे अहम बा। भारतीय टीम एह सीरीज के दूनों मैच जीत के फाइनल के रेस में बनल रहल चाही। उहवें, बांग्लादेश के कोशिश वनडे सीरीज के तरह टेस्ट सीरीज में जीत हासिल कइले के रही।

कुलदीप यादव के पांचवीं सफलता

तीसरे दिन के पहिला विकेट कुलदीप यादव के नाम रहल। एह मैच में ई उनकर पांचवां सफलता ह। कुलदीप इबादत हुसैन के विकेटकीपर ऋषभ पंत के हाथों कैच करवलें। इबादत 37 गेंद में 17 रन बनवलें। उनके पारी में दू चौका अउर एगो छक्का शामिल रहल। 49 ओवर के बाद बांग्लादेश के स्कोर नौ विकेट पर 144 रन रहल। आखिरी विकेट 150 रन पर गिरल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]