Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

अधिवक्ता क्रिकेट लीग के फाइनल में सिविल वारियर्स के हरवलस जेबीएन एडवोकेट टीम

1,615

गोरखपुर : रीजनल स्पो‌र्ट्स स्टेडियम में आयोजित बार एसोशिएशन सिविल कोर्ट गोरखपुर के अधिवक्ता क्रिकेट लीग के फाइनल में सिविल वारियर्स के हराकर ग्रेड जेबीएन एडवोकेट टीम चैंपियन बनल। पहिले बल्लेबाजी करत जेबीएन एडवोकेट के टीम 154 रन बनवलस जेमें अभिनाश पाण्डेय 60 रन अउर शिवम 51 रन के पारी खेलनें। एकरे एवज में उतरल सिविल वारियर्स के टीम 91 रन पs सिमट गइल।

एह आयोजन में बार एसोसिएशन सिविल कोर्ट के अध्यक्ष मनोज कुमार पांडेय अउर वीरेंद्र कुमार द्विवेदी मंत्री बार एसोसिएशन सिविल कोर्ट गोरखपुर के विशेष भूमिका रहल। फाइनल मैच से पहिले महिला अधिवक्ता लोगन के बीच में मैत्री मैच खेलल गइल अउर न्यायाधीश अउर अधिवक्ता लोगन के बीच में भी प्रदर्शनी मैच के आयोजन भइल।

एह अवसर पs सतेंद्र मल्ल, शिवव्रत राय, हरिओम पाठक, दीप्ति उपाध्याय, अम्बरीश कुमार दुबे, नफ़ीस अख़्तर, भूपेंद्र धर दूबे, सत्यप्रकाश पांडेय, हेमंत मिश्र, उमेश पांडेय, गंगा प्रसाद शुक्ल, अनूप कुमार मिश्र, ललिता पांडेय आदि गणमान्य समेत तमाम अधिवक्ता लोग मौजूद रहल।

414780cookie-checkअधिवक्ता क्रिकेट लीग के फाइनल में सिविल वारियर्स के हरवलस जेबीएन एडवोकेट टीम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.