[the_ad_group id="30365"]

IND vs AUS Live Score: 109 रन पs ऑस्ट्रेलिया के आधा टीम लवटल पवेलियन, जडेजा स्मिथ के क्लीन बोल्ड कईले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ऑस्ट्रेलिया के टीम एह घरी भारत के दौरा पs आईल बिया | भारत में प्रस्तावित बॉर्डर गावस्कर श्रृंखला के पहिला टेस्ट मैच आजू नागपुर में खेलल जा रहल बा | बता दिहीं कि ऑस्ट्रेलिया भारत में 19 साल से कवनो श्रृंखला नइखे जितल | ऑस्ट्रेलिया के जहाँ इ प्रयास रही कि उ एह सुखा के खत्म करो ओहिजे भारत एह कृतिमान के एही तरे लेके चले के कोसिस करी |

भारत आ ऑस्ट्रेलिया के बीचे  टेस्ट सीरीज के पहिलका  मुकाबला नागपुर में बा । आज मुकाबला के पहिला  दिन बा । टीम इंडिया एह मैच के जीत सीरीज के  विजयी आगाज कईल चाही। ऑस्ट्रेलिया  टॉस जीतला के बाद पहिले बल्लेबाजी करतs  पहिला सत्र में  दू विकेट पs  76 रन बनवले  बिया । दूसररा सत्र के खेल अभिन चल रहल बा आ ताज़ा हाल  इ बा कि ऑस्ट्रेलिया के आधा टीम  महज 135 रन पs पवेलियन लवट चुकल बिया |

रविन्द्र जडेजा फोटो- सोशल मीडिया

 

IND vs AUS Live Score: ऑस्ट्रेलिया के आधा पवेलियन लवटल

109 रन के  मामूली स्कोर पs ऑस्ट्रेलिया के आधा  टीम पवेलियन लवट गईल  बिया । रवींद्र जडेजा  अपना शानदार फिरकी गेंदबाजी के चलते स्टीव स्मिथ के  क्लीन बोल्ड कइके भारत के  पांचवा सफलता दियववले बाड़े  । एह पारी में स्मिथ के विकेट के रूप  में जडेजा के  तीसरका विकेट बा । स्मिथ  107 गेंना  में 37 रन बनवले । उनका एह पारी में सात चउका शामिल रहे । अब ऑस्ट्रेलिया के टीम  एगो छोटहन स्कोर पs  सिमट सकत बिया । पीटर हैंड्सकॉम्ब के ससंगे  एलेक्स कैरी क्रीज पs  डटल बाड़े । अब देखे वाला बात इ  बा कि इ जोड़ी कतना देर तक भारतीय गेंदबाजी यूनिट के झेल सकत बिया |

बता दिहीं कि ऑस्ट्रेलिया भारत में 19 साल से कवनो श्रृंखला नइखे जितल | ऑस्ट्रेलिया के जहाँ इ प्रयास रही कि उ एह सुखा के खत्म करो ओहिजे भारत एह कृतिमान के एही तरे लेके चले के कोसिस करी | अब एह स्थिति में ऑस्ट्रेलिया इ चाही कि ओकर इ जोड़ी खूंटा गाड़ के क्रीज पs टिकल रहो तबे एगो मजबूत आ  सम्मानजनक स्कोर ठाड़ हो सके ओहिजे भारत चाही कि एह दुनो बलेबाज के जल्दी से जल्दी आउट कईके ऑस्ट्रेलिया के एह पारी के खतम कईल

जाए |

रविन्द्र जडेजा के शानदार वापसी ,अपना गेना से कहर बरपवले

बहुते दिन से चोट के चलते टीम इंडिया से बहरी चल रहल रविन्द्र जडेजा के इंटरनेशनल क्द्ररिकेट में शानदार वापसी भईल बा |  अपना फिरकी गेंदबाजी से ऑस्ट्रलिया  के खिलाफ चल रहल पहिलका टेस्जा मैच में आगि लगा देले बाड़े    लगातार दू गेंना  पs  विकेट लेइके ऑस्ट्रेलिया के बैकफुट पs  ढकेल देले  बाड़े । 84 रन के स्कोर पs ऑस्ट्रेलिया के चार गो  बल्लेबाज  लोग आउट हो चुकल  बाड़े । मैट रेनशॉ एह  पारी में आपन  खातो  ना  खोल पवले। उ अपना पारी के पहिलके  गेना पs  विकेट के सोझा पकड़ल गइले। लमहर समय के बाद टेस्ट मैच खेल रहल जडेजा  शानदार वापसी कइले आ भारत के तीन गो अहम विकेट दियाववले  । अब भारतीय टीम ऑस्ट्रेलिया के  छोटहन  स्कोर पs  समेटे के पूरा कोसिस करी ।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]