Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

शादी के बाद सोझा आइल सिद्धार्थ-कियारा के वेडिंग कार्ड: आजु सिड के दिल्ली वाला घर में होई कियारा के गृह प्रवेश, 9 आ 12 फरवरी के होई रिसेप्शन

9 फ़रवरी के पहिलका रिसेप्सन में जहाँ घर-परिवार के करीबी लोग रही ओहीजे दोसरका रिसेप्सन जवन १२ फ़रवरी के होई ओह में हिंदी फिल्म इंडस्ट्री से जुरल लोग शामिल होइहें

1,305

सिद्धार्थ मल्होत्रा आ कियारा आडवाणी मंगर (7 फरवरी) के शादी के बन्हन में बन्हा चुकल बा लो। अब कपल के एगो बहुत करीबी आमदी खुलासा कइले बा कि कि कियारा आज प्राइवेट जेट से सिद्धार्थ के दिल्ली वाला घर पहुंचीहें आ ओहिजा उनकर गृह प्रवेश वाली रशम होई ।

9 फरवरी के जहां परिवार आ ओकरा से जुरल लोग रिसेप्शन में जुटी ओहिजे 12 फरवरी के फिल्म इंडस्ट्री से जुरल लोग होईहें शामिल ।

सिद्धार्थ-कियारा फोटो :सोशल मीडिया

 

2 जगह होई सिद्धार्थ-कियारा के रिसेप्शन

 

मीडिया रिपोर्ट्स के मुताबिक इ नयका बियाहल जोड़ा  9 फरवरी के दिल्ली में अपना  फैमिली आ  फ्रेंड्स खातिर  रिसेप्शन रखले बा । ओहिजे इंडस्ट्री के खास दोस्त लोगन खातिर उ 12 फरवरी के  मुंबई में ग्रैंड पार्टी होस्ट करिहें।

बेहद सिंपल  बा कियारा-सिद्धार्थ के वेडिंग कार्ड

 

सिद्धार्थ आ कियारा के  शादी के बाद अब ओह लोग के  बियाह के कार्ड के कुछ फोटोज सामने आईल बा । ई कार्ड पिंक कलर के बा , जवना  पs  बहुते  सिंपल डिजाइन बनल बा । ओहमें  कियारा के लंहगा के कलरो रहे । अब एह कार्ड के देखिके फैंस कयास लगा रहल बाड़ें  कि वेडिंग प्लानर कियारा के आउटफिट से मैच करत कार्ड डिजाइन कइले रहले, जवना से कुल्ह चीजन में कनेक्शन लउक सके ।

शादी के कार्ड पs बनल बा सूर्यगढ़ पैलेस के तस्वीर

 

एह कार्ड पs  सिद्धार्थ आ कियारा के नाम के पहिला अक्षर S आ K के बड़ा  खूबसूरती से प्रिंट कईल गईल बा । ओहिजे  फेरु ओकरा नीचे दुनो लोग के नाम लिखल बा आ शादी के फंक्शन के  डेट 5-7 फरवरी मेंशन बा । एकरा  अलावा कार्ड में सूर्यगढ़ पैलेस के तस्वीरो  बनल बा, जवन ओकरा के रॉयल लुक दे रहल बा ।

कियारा के ब्राइडल लुक के फैंस कर रहल बाड़े खूब पसन

 

शादी के फोटोज देखला  के बाद से लोग कियारा आ सिद्धार्थ के लुक के खूब तारीफ कर रहल  बाड़े । उ शादी में रेड ना  बलुक  गुलाबी रंग  के लहंगा के चुनले बाड़ी  । ओहिजे  सिद्धार्थ गोल्डन एम्ब्रॉयडरी वाला ऑफ व्हाइट शेरवानी में बड़ा नीक लागत रहले  । ओहिजे  कियारा के कलिरो बड़ा नीक लागत रहे आ  सभकर  ध्यान अपना  ओर खींचत रहे । कियारा के कलीरन के  मृणालिनी चंद्रा डिजाइन कइले बाड़ी। उ एकरा में बहुते खास पर्सनल टच देले बाड़ी ।

 

कियारा के कलीरन में छुपल बा उनकर लव स्टोरी

 

दरअसल कियारा के कलीरन की डिटेल्स के अगर  ध्यान से देखल  जाए  तs  एह में  सिद्धार्थ मल्होत्रा के संगे उनकर लव स्टोरी के खास एलिमेंट्स के झलक दिखावल गईल  बा । कियारा के  पूरा कलीरा चांद आ तारा से सजावल रहे । एह पs  कियारा आ सिद्धार्थ के नाम के  पहिला अक्षर KS भी लिखल बा । एह  पs दुनों लोग के फेवरेट डेस्टिनेशन रोम के  जिकिर कईल गईल बा। एकरा अलावा कियारा एकरा जरिए सिद्धार्थ के पेट डॉग ऑस्कर के  भी ईयाद कईल गईल बा , जेकर पिछला साल मउत हो गईल रहे ।

 

सिद्धार्थ आ कियारा शेरशाह में एक साथे कई चुकल बा लो काम 

 

सिद्धार्थ  आ  कियारा 2021 में आइल फिल्म ‘शेरशाह’ में एके संगे  काम कइले  रहे लो । सिद्धार्थ के वर्कफ्रंट के अगर  बात कइल जाए तs , एक्टर रोहित शेट्टी के  सीरीज ‘इंडियन पुलिस फोर्स’ में नजर अइहें । ई सीरीज अमेजन प्राइम पs रिलीज होई। ओहिजे कियारा जलदिए  ‘सत्यप्रेम की कथा’ में लउकिहें  । एह  फिल्म में उनका  संगे कार्तिक आर्यनो  बाड़ें ।

 

 

455430cookie-checkशादी के बाद सोझा आइल सिद्धार्थ-कियारा के वेडिंग कार्ड: आजु सिड के दिल्ली वाला घर में होई कियारा के गृह प्रवेश, 9 आ 12 फरवरी के होई रिसेप्शन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.