[the_ad_group id="30365"]

कुशीनगर: ट्रेन में नमाज पढ़ले के वीडियो भइल वायरल, पूर्व विधायक कइलें शिकायत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कुशीनगर जिला के खड्डा रेलवे स्टेशन पर ठाढ़ ट्रेन में नमाज पढ़ले के वीडियो सुक्क के देर रात कुशीनगर में वायरल भइल रहे। एह वीडियो में ट्रेन के स्लीपर कोच में कुछ लोग नमाज पढ़त नजर आ रहल बा। दावा बा कि बियफ़े के खड्डा में ठाढ़ सत्याग्रह एक्सप्रेस (ट्रेन नंबर 15273) में एक पूर्व विधायक ई वीडियो बनवले रहनें। वीडियो के आधार पर मामला के जांच शुरू हो गइल बा।
बियफ़े के दूपहर खड्डा रेलवे स्टेशन पर कप्तानगंज के ओर जा रहल सत्याग्रह एक्सप्रेस ठाढ़ रहल। स्लीपर कोच में कुछ लोग नमाज पढ़े लगलें। एह दौरान यात्रियन के आवे जाए में असुविधा भइल। दूसर लोग के नमाज के खत्म होखे के अगोरा करे के पड़ल। ट्रेन के कोच में जब नमाज पढ़ल जात रहल। तब्बे पूर्व विधायक दीप लाल भारती भी सवार भइलें।

लोग के नमाज पढ़ते देख के उनकर वीडियो बनवलस। ई वीडियो सोशल मीडिया पर वायरल हो रहल बा। पूर्व विधायक एकर शिकायत रेलवे के अधिकारियन से भी कइलें। ऊ शिकायत में कहलें कि उ कप्तानगंज खातिर ट्रेन में सवार भइल रहनें। नमाज पढ़ले के वजह से उनके दूसरे कोच में जाए पड़ल।

ऊ मामला के जांच के मांग कइले बानें। हालांकि नमाज पढ़े वाले लोग कौन रहलें? ऊ कहां से कहां जात रहलें? एकर जानकारी प्रकरण के जांच होखले के बादे सोझे आ सकी। एह संबंध में रेलवे सुरक्षा बल कप्तानगंज के प्रभारी निरीक्षक समय सिंह बतवलें कि वायरल वीडियो के जांच कइल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]