[the_ad_group id="30365"]

गिरिडीह में मोंगिया स्टील अउर लाल फेरो कंपनी के ठिकाना पs आयकर के दबिश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गिरिडीह स्थित टीएमटी मोंगिया स्टील समूह के कई ठिकानन पर आयकर विभाग दबिश दिहले बा। रांची आयकर विभाग के टीम बुध के सुबह गिरिडीह अउर कोलकाता स्थित ठिकानन पर एक संगे सर्वे के काम शुरू कइले बा। जानकारी के अनुसार आयकर विभाग के बड़ अधिकारी प्रदीप डुंगडुंग के नेतृत्व में सर्वे के काम कइल जा रहल बा।

जानकारी के अनुसार मोंगिया स्टील समूह के संतपुरिया के संगे औद्योगिक इलाका के विभिन्न ठिकानन के संगे मोंगिया समूह के चेयरमैन डॉक्टर गुणवंत सिंह सलूजा के घर अउर कोलकाता में दबिश दिहल गइल रहे। एकरे सथही लाल फेरो कंपनी के मालिक चेतो साहू के संगे उनके भाई गांगो साहू के घरओ पs आयकर विभाग के टीम कारवाई कs रहल बा। लाल फेरो आयरन स्पंज तैयार करेले। इहो जानकारी मिल रहल बा कि दूनों के कार्रवाई से गिरिडीह आयकर विभाग से जुड़ल लोग के दूर रखल गइल बा।

सर्वे में रांची अउर बिहार के अधिकारी के संगे रांची जिला पुलिस बल के जवानो शामिल बानें लोग। आयकर विभाग के सूत्र के मानल जाव त कारवाई अगिले दू से तीन ले चलले के बात कहल जा रहल बा। एकर संकेत मोंगिया स्टील समूह के चेयरमैन डॉक्टर गुणवंत सिंह सलूजा के घर में कारवाई के दौरान कारवाई में शामिल एगो अधिकारी भी दिहले बा।

पखवाड़ा के दौरान गिरिडीह में आयकर के ई दूसरा कार्रवाई ह। एहसे पहिले बालमुकुंद स्टीलो में कारवाई हो चुकल बा। एन्ने सब ठिकानन में सारे कागजात के खंगरले में आयकर विभाग के अधिकारी लागल बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]