[the_ad_group id="30365"]

निकाय चुनाव: शिवपाल यादव के दरबार में लागल टिकट के दावेदारन के भीड़, अखिलेश के आवे के बा इंतजार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्रगतिशील समाजवादी पार्टी के सपा में विलय करे आ मैनपुरी सीट पर उपचुनाव जितवला के बाद सपा के राजनीति में शिवपाल सिंह यादव के कद बढ़ गइल बा। ऊ प्रमुख भूमिका में आवत नजर आ रहल बा। शिवपाल लखनऊ पहुंच चुकल बाड़ें। जवना के बाद से निकाय चुनाव के लेके उम्मीदवारन के भीड़ उनका घरे आवे लागल बा। कहल जा रहल बा कि उम्मीदवारन के फैसला सपा अध्यक्ष अखिलेश यादव के दिल्ली से लवटला के बाद होई।

हालांकि, आरक्षण के लेके प्रदेश में निकाय चुनाव के तस्वीर उलझल बा बाकिर एह पर जल्दिये कोर्ट से निर्णय होखे के उम्मीद बा। टिकट के दावेदार टिकट खातिर एड़ी चोटी के जोर लगा रहल बा लोग। अखिलेश यादव के दिल्ली से लवटला के इंतजार हो रहल बा। अइसे में दावेदार शिवपाल सिंह यादव के दरबार में पहुंच रहल बा लो।

केहू पुरान संबंधन के दुहाई देके खुद के बेहतरीन उम्मीदवार बता रहल बा तs केहू वोट बैंक के हवाला दे रहल बा। प्रदेश भर से महापौर, नगर पालिका परिषद आ नगर पंचायत अध्यक्ष पद के दावेदार शिवपाल सिंह यादव के कार्यालय में डेरा डलले बा लोग।

मैनपुरी लोकसभा सीट सपा संस्थापक मुलायम सिंह यादव के निधन के बाद खाली भइल रहे। एह सीट पर डिंपल यादव चुनाव लड़ली आ करीब तीन लाख वोटन से जीत दर्ज कइली जवन ऐतिहासिक बा। एह जीत में शिवपाल यादव महत्वपूर्ण भूमिका निभवले रहलें। उपचुनाव परिणाम आवे के दिने शिवपाल अपना प्रगतिशील समाजवादी पार्टी के सपा में विलय कs देले रहस। एकरा बादे से कयास लगावल जा रहल बा कि शिवपाल के सपा में बड़ जिम्मेदारी दिहल जा सकत बा। 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]