[the_ad_group id="30365"]

साँझ के 10 बड़ खबर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

  1. बिहार: नीतीश बोललें- तेजस्वी के निरतेत्व में लड़ेम 2025 के चुनाव; हमार टारगेट 2024 में भाजपा के हटावल, मुख्यमंत्री भा प्रधानमंत्री बनल ना। तेजस्वी के कमान देवे के तइयारी, बोललें- हमरा बाद जवन निरतेत्व होई ऊ तेजस्वी यादव के होई।
  2. बिहार: पटना में TET कैंडिडेटस के पुलिस दउरा-दउरा के पिटलस; नौकरी दियावे के मांग करे विधानसभा घेरे जात रहे लो। तीन साल से भरती के इंतजार कर रहल बा लोग।
  3. उत्तर प्रदेश: नगर निकाय चुनाव के अधिसूचना पs जारी रही हाईकोर्ट के रोक; बिहान फेर होई सुनवाई।
  4. उत्तर प्रदेश: मथुरा में सीएम योगी देलें करोड़न के सौगात, बोललें -डबल इंजन में तीसरका जोड़े खातिर निकाय चुनाव में भाजपा के जीत जरुरी।
  5. झारखंड: सुषमा बड़ाईक के अपराधी गोली मरलें, IPS पी नटराजन पर यौन शौषण के आरोप लगा चरचा में आइल रहली। रांची के सहजानंद चौक पs भइल घटना।
  6. सेना 600 चीनीयन के खदेड़लस, चीन बोलल- हालत इस्थिर: अरुणाचल के नाम ना लेलस। तवांग में 9 दिसंबर के भारत आ चीन के सैनिकन में हाथापाई भइल रहे।
  7. तवांग झड़प के बाद मोरचा पर हमनी के लड़ाकू विमान: अरुणाचल में तीन बेर चीनी ड्रोन घुसपैठ रोकल गइल। कइयन वजहन से चीन के नजर तवांग पर।
  8. बिलकिस के याचिका ना सुनिहें जस्टिस बेला त्रिवेदी: बेंच से नाम अलग कइला पs सुनवाई टलल; दोषियन के रिहाई के SC में दिहल बा चुनौती।
  9. नकली सीबीआई ऑफिसर बनके लूटल गइल 30 लाख आ जेवर: बंगाल में पुलिस स्टीकर लागल गाड़ियन से बिजनेसमैन के घरे पहुंचल 7-8 लोग। कहल- रेड बा।
  10. बाइचिंग भूटिया बोललें- अर्जेटिना विश्व कप के दावेदार: मेसी सबसे मजबूत हथियार, बाकिर मैच अगर पेनाल्टी शूटआउट तक गइल तs पलटी पासा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]