[the_ad_group id="30365"]

भारी बारिश से धंसल पूर्वांचल एक्सप्रेसवे, वाहनन के लागल कतार, अधिकारियन में मचल हड़कंप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बार-बार हो रहल तेज बारिश के बाद बियफ़े रात करीब साढ़े नौ बजे सुल्तानपुर में हलियापुर के लग्गे पूर्वांचल एक्सप्रेसवे धंस गइल। एक्सप्रेसवे पर पांच फीट के चौड़ाई में करीब 10 फीट गड्ढा हो गइल। देखते-देखत एक्सप्रेसवे पर वाहनन के लंबा कतार लग गइल। एक्सप्रेसवे धंसले के सूचना लगतही यूपीडा में हड़कंप मच गइल।

बियफ़े रात में ही यूपीडा क्रेन अउर जेसीबी भेज के मरम्मत कार्य शुरू करवावल गइल। सथही बड़ वाहनन के आवागमन रोक के छोट वाहन के कॉशन पर बगल से निकलवावल गइल। शुक्क़ के सुबह ले सड़क के गड्ढा भर दिहल गइल। मौके पर अधिकारी पहुँच गइल बानें।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]