[the_ad_group id="30365"]

बनारस में ताजिया निकाले के दौरान शिया-सुन्नी भिड़ल लो: जमके भइल पथराव, 12 से जादे गाड़ियन के नुकसान, मवका पs भारी फोर्स तैनात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बनारस में सनीचर के ताजिया के जुलूस निकाले के दौरान शिया आ सुन्नी आपस में भिड़ गइल लो। दुनो तरफ से नारेबाजी कइल गइल। देखते देखत पथराव सुरू हो गइल। एमे 10 से जादे लोग घायल भइल बा। बवाल के दौरान 12 से जादे गाड़ियन के फूंक दिहल गइल बा। पुलिस के गाड़ियन पs पथरावो कइल गइल बा।

बतावल जा रहल बा कि पाकिस्तान जिंदाबाद के नारा तक लगावल गइल बा। हालांकि एकर अभी आधिकारिक पुष्टि नइखे भइल। शिया समुदाय के लोग धरना पs बइठ गइल बा लो। पुलिस कमिश्नर अशोक मुथा जैन घटनास्थल पs मवजूद बाड़ें। सुरक्षाकर्मी हंगामा करे वालन के खदेड़ देले बा लो।

भीड़ पुलिस के गाड़ियन पs पथराव कइले बिया।

ताजिया निकाले के दौरान भइल बवाल

पुलिस कमिश्नर अशोक मुथा जैन बतवलें कि जैतपुरा दोषीपुरा में दिन के करीब 2 बजे ताजिया निकालल जात रहे। एह दौरान शिया आ सुन्नी वर्ग आमने-सामने आ गइल। ओह लोगन के बीच नारेबाजी सुरू हो गइल। एह दौरान दुनो तरफ से पथरावो भइल।

ऊ बतवलें, सूचना मिलतही फौरन पुलिस आ RAF के टीम मवका पs पहुंच गइल। हंगामा कs रहल उपद्रवियन के उहां से खदेड़ल। दुनो पक्षन के लोगन से बात कs के ओह लोग के शांत करावल गइल। 4 बजे तक इस्थिति के काबू में कs लिहल गइल। आगे कवनो अप्रिय घटना ना होखे, एकरा खातिर इलाका में भारी संख्या में फोर्स तैनात कइल गइल बा।

शिया समुदाय धरना पs बइठल

बवाल के दौरान शिया समुदाय के कइयन गो ताजिया क्षतिग्रस्त हो गइल बा। बतावल जा रहल बा कि शिया समुदाय के लोग ताजिया के करबला ले जाये से मना कs देले बा। ऊ लोग घटनास्थल पs धरना पs बइठ गइल बा। पुलिस कमिश्नर शिया समुदाय के लोगन के समझाके ताजिया उठाके ले जाये के बात कह रहल बाड़ें।

घायलन के अस्पताल में भर्ती करावल गइल 

पुलिस कमिश्नर अशोक मुथा जैन बतवलें कि जैतपुरा बवाल में जवन लोग घायल भइल बा, ओकरा के कबीर चौरा आ दोसरा अस्पतालन में इलाज खातिर भेज दिहल गइल बा। मवजूदा समय में भारी पुलिस बल मवजूद बा। इलाका में शांति बेवस्था कायम बा। ममिला के जांच कइल जा रहल बा।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]