- बिहार: बिहार में 2 जगहन पs ताजिया जुलूस के दौरान झड़प; भागलपुर में बम ब्लास्ट… लईकी घायल, गया में भइल पत्थरबाजी में इंस्पेकटर के माथा फुटल।
- बिहार: छपरा में एंबुलेंस से भारी मात्रा में शराब तस्करी; शव पैकिंग समान के बीच विशेष तहखाना बना के ले आवत रहलें सs तस्कर, हैंडलर स्कैनर से धराइल। शराब के कीमत 18 लाख, मुजफ्फरपुर डिलीवर करे के रहे शराब।
- उत्तर प्रदेश: वाराणसी में ताजिया जुलूस के लेके शिया-सुन्नी समुदाय में बवाल, 100 से जादे घायल, कइयन गो वाहन क्षतिग्रस्त। पुलिसकर्मियन के बाइक के कइल गइल क्षतिग्रस्त।
- उत्तर प्रदेश: टॉप-10 अपराधियन के सजा करावे में सिद्धार्थनगर यूपी में पहिला, उन्नाव, रायबरेली आ अयोध्या दूसरा स्थान पs। गवाहन के पैरवी तय तिथी पs करा के अपराधियन के सजा दिला रहल बिया टीम।
- झारखंड: मुहर्रम पs बड़ हादसा, चार के मौत; बोकारो में 11 हजार वोल्ट के चपेट में आइल ताजिया, सीएम जतवलें शोक। इमाम बाड़ा शिफ्ट कइल जात रहे ताजिया।
- नरवने बोललें- मणिपुर हिंसा में बिदेसी एजेंसियन के हाथ; कवनो देस के सरहद जीतल मकसद ना, पड़ोसी देसन में अस्थिरता नशा के कारोबार बढ़ाई। देस के सुरक्षा के जिम्मेदारी हर नागरिक के बा।
- तमिलनाडु के पटाखा यूनिट में धमाका, 8 के मौत: कृष्णागिरी जिला के घटना, आसपास के घर आ दुकानन के भइल नुकसान।
- नड्डा के नया टीम के ऐलान, 38 नाम: बीएल संतोष राष्ट्रीय महामंत्री; वसुंधरा राजे, सीवी रमन उपाध्यक्ष, कांग्रेस से आइल एंटनी के बेटा के मिलल जिम्मेदारी। यूपी से राधामोहन अग्रवाल के नाम चरचा के विषय।
- ताइवान के 28 हजार करोड़ के मिलिट्री पैकेज दी अमेरिका: एमे एयर डिफेंस आ सर्विलांस सिस्टम सामिल; चीन बोलल- इलाका में तनाव बढ़ावल बंद करs। चीन ताइवान के तीन दिन घेरके ड्रिल कइले रहे।
- भारत-वेस्टइंडीज दुसरका वनडे: रोहित विराट के बिना उतरल टीम इंडिया, हार्दिक पांड्या कप्तानी कर रहल बाड़ें, गिल-ईशान ओपनिंग करे उतरल लो।
सांझ के 10 बड़ खबर
Published on: Jul 29, 2023
बिहार: बिहार में 2 जगहन पs ताजिया जुलूस के दौरान झड़प; भागलपुर में बम ब्लास्ट… लईकी घायल, गया में भइल पत्थरबाजी में इंस्पेकटर के माथा फुटल। बिहार: छपरा में एंबुलेंस से भारी मात्रा में शराब
Share
Tags:
Bhojpuri News, big breaking, Big Bulletin, big news, big updates, bihar news, Bihar-UP News, Breaking Bulletin, breaking news, Breaking Updates, Evening Breaking, Evening Bulletin, evening news, evening updates, jharkhand news, top 10 news, Top 10 news of evening, top news, up news, साँझ के 10 गो बड़ खबर, साँझ के 10 बड़ खबर, साँझ के बड़ खबर
Share this article






