[the_ad_group id="30365"]

एक अक्तूबर ले 18 वर्ष पूर्ण करे वाला युवा बन सकिहें मतदाता, संक्षिप्त पुनरीक्षण अभियान शुरू

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

यूपी विधानसभा क्षेत्र के मतदाता सूची पुनरीक्षण खातिर संक्षिप्त पुनरीक्षण अभियान बुध से शुरू होई। लखनऊ विश्वविद्यालय के सभागार में आयोजित कार्यक्रम में मुख्य निर्वाचन अधिकारी अजय कुमार शुक्ला अभियान के आगाज करत कहनें कि 1 जनवरी, 1 अप्रैल, 1 जुलाई अउर 1 अक्तूबर 2023 के 18 बरिस पूर्ण करे वाले युवा मतदाता बनले खातिर आवेदन कs सकेने।

मतदाता सूची के अंतिम प्रकाशन 5 जनवरी के कइल जाई। मतदाता सूची पुनरीक्षण अभियान के दौरान जिला निर्वाचन अधिकारी, उप जिला निर्वाचक रजिस्ट्रीकरण अधिकारी, सहायक निर्वाचक रजिस्ट्रीकरण अधिकारी अउर पुनरीक्षण कार्य से संबद्ध अधिकारियन के तबादला पर 5 जनवरी ले रोक रही।

मुख्य निर्वाचन अधिकारी बतवलें कि उपचुनाव वाले क्षेत्रन के छोड़ के शेष सब क्षेत्र में पुनरीक्षण अभियान संचालित कइल जाई। ऊ बतवलें कि 9 नवंबर के विधानसभा निर्वाचन क्षेत्र के निर्वाचक नामावलियन के ड्राफ्ट प्रकाशन कइल गइल बा। 9 नवंबर से 8 दिसंबर तक दावा अउर आपत्ति प्राप्त कइल जाई। मतदाता पंजीकरण खातिर 12 नवंबर, 20 नवंबर, 26 नवंबर अउर 4 दिसंबर के विशेष अभियान चलावल जाई।

26 दिसंबर के निर्वाचक नामावलियन के संबंध में दावा अउर आपत्तियन के निस्तारण कइल जाई। 5 जनवरी 2023 के निर्वाचक नामावलियन के अंतिम प्रकाशन कइल जाई। शासन निर्वाचन आयोग के मंजूरी के बिना मतदाता सूची पुनरीक्षण से जुड़ल कौनो भी अधिकारी के तबादला नाइ कs सकी। कार्यक्रम के जिला निर्वाचन अधिकारी सूर्यपाल गंगवार संबोधित कइलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]