[the_ad_group id="30365"]

मशरक बी आर सी सभागार में मास्टर ट्रेनर द्वारा यू डायस फर्म भरे के दिहल गइल प्रशिक्षण

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरक (सारण)/ धर्मेंद्र कुमार सिंह: जिला कार्यक्रम पदाधिकारी सारण द्वारा सरकारी आ गैर सरकारी विद्यालयन के यू -डायस फर्म भरवावे खातिर जिला से प्रशिक्षण प्राप्त कइल मशरक प्रखंड खातिर प्रतिनियुक्त मास्टर ट्रेनर रामा शंकर सहनी आ प्रमोद उपाध्याय द्वारा प्रखंड क्षेत्र के सब प्रधानाध्यापक लोगन के बैठक बोलावल गइल।

जेमे मास्टर ट्रेनर रामा शंकर सहनी आ प्रमोद उपाध्याय द्वारा फर्म के एक एक पन्ना में दिहल गइल बिंदुअन के विस्तार पूर्वक बतावल गइल, ओहिजा मास्टर ट्रेनर रामा शंकर सहनी बतवलें की फार्म भरत घरी धेयान से सब बिन्दुअन के पढ़के भरीं, आ जहाँ जवना पन्ना में गलती लागे ओकरा के लाल कलम से गोलकार भा एक लाइन में काटके बगल में लाल कलम से लिखे के कोसिस करे के बा। जहां समझ में न आई ओहि क्षण हमरा मोबाईल पs सम्पर्क कs के पूछके भरे के हर संभव प्रयास करे के बा।

बैठक में मवका पs मवजूद प्रधानाध्यापक प्रवीण गोस्वामी, रैफुदीन हैदर ऊर्फ डब्लू जी, रहमत अली, साधनसेवी बीरबल मांझी, राकेश सिंह, मोबिन अंसारी, बरुन सिंह, मो. इरसाद खान, रजनीकांत राम, शिक्षक नेता धर्मेन्द्र सिंह कुशवाहा, प्रतिमा कुमारी, रीता कुमारी, लतिका कुमारी, छबिनाथ तिवारी सहित आउर शिक्षक बैठक में उपस्थित रहे लोग।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]