Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

UP Board 2023 Admit Card: यूपी बोर्ड के प्रवेश-पत्र जारी, सत्यापन के बिना ना मिली परीक्षा में एंट्री

1,373

UPMSP UP Board Class 10th 12th Admit Card 2023 Released: उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षा परिषद (UPMSP) द्वारा यूपी बोर्ड कक्षा 10वीं, 12वीं के वार्षिक परीक्षा खातिर एडमिट कार्ड जारी कs दिहल गइल बा परीक्षा में सामिल होखे वाला विद्यार्थी अपना संबंधित स्कूल से यूपीएमएसपी बोर्ड परीक्षा एडमिट कार्ड प्राप्त कs सकत बा लो। ओहिजा जवन स्कूल प्रभारी अपना स्कूल के छात्रन के प्रवेश-पत्र 2023 डाउनलोड नइखे कइले लो तs आधिकारिक वेबसाइट माने upmsp.edu.in पs अपना स्कूल के लॉग इन के माध्यम से डाउनलोड कs लीं।

UP Board Admit Card 2023 नियमित छात्रन के स्कूल से मिली

नियमित छात्रन के धेयान देवे के चाहीं कि ओह लोग के लगे ऑनलाइन प्रवेश पत्र डाउनलोड करे के सुविधा नइखे। यूपी बोर्ड एग्जाम हॉल टिकट लेवे खातिर परीक्षार्थियन के अपना संबंधित स्कूल जाये के होई। विद्यार्थी प्रवेश-पत्र लेवे के संगही एकरा पs अपना स्कूल प्रिंसिपल से हस्ताक्षर मय मुहर लगवा के सत्यापित जरूर करा लीं। ना तs बिना सत्यापन वाला प्रवेश-पत्र से परीक्षा केंद्र में प्रवेश ना दिहल जाई। हालांकि, निजी छात्र हॉल टिकट ऑनलाइन डाउनलोड कs सकत बा लो। परीक्षार्थियन के यूपी बोर्ड एडमिट कार्ड 2023 परीक्षा हॉल में ले जाये के होई, ना तs ओह लोगन के कवनो कीमत पs प्रवेश ना दिहल जाई।

UP Board 10th 12th Admit Card 2023 प्राइवेट छात्र अइसे करीं डाउनलोड

कक्षा 10वीं आ 12वीं के प्राइवेट आ स्वयंपाठी छात्रन खातिर यूपीएमएसपी एडमिट कार्ड 2023 जारी कs दिहल गइल बा।परीक्षार्थी अपन हॉल टिकट डाउनलोड करे खातिर नीचे दिहल गइल आसान चरणन के पालन कs सकत बा लो-

  • चरण 1: सबसे पहिले यूपीएमएसपी के आधिकारिक वेबसाइट माने upmsp.edu.in पs जाई।
  • चरण 2: निजी छात्रन के लिंक खातिर यूपी बोर्ड एडमिट कार्ड 2023 पs क्लिक करीं।
  • चरण 3: लॉग इन सेक्शन पs जाके आपन लॉग इन क्रेडेंशियल दर्ज करीं।
  • चरण 4: इहां रउआ यूपी बोर्ड एडमिट कार्ड 2023 के लिंक स्क्रीन पs लउकी।
  • चरण 5: आपन विवरण दर्ज कs के हॉल टिकट डाउनलोड करीं आ ओकरा विवरण के जांच करीं।
  • चरण 6: भविष्य के संदर्भ खातिर छात्र एकर अतिरिक्त प्रिंट आउट ले लेवे लो।

UP Board Exma Admit Card त्रुटि सुधार के ममिला में केकरा से संपर्क करीं?

यूपी बोर्ड परीक्षा के प्रवेश-पत्र में कवनो त्रुटि भा विसंगति के ममिलन में, छात्रन के बोर्ड के संबंधित स्कूल परिषद से संपर्क करे के चाहीं आ हॉल टिकट में सुधार खातिर आवेदन करे के चाहीं। ओह लोगन के सुधार उद्देश्यन खातिर अधिकारियन के सटीक विवरण प्रदान करे के होई । बाद में, ओह लो के सही UPMSP 2023 एडमिट कार्ड प्राप्त करे के होई।

458730cookie-checkUP Board 2023 Admit Card: यूपी बोर्ड के प्रवेश-पत्र जारी, सत्यापन के बिना ना मिली परीक्षा में एंट्री

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.