Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Yuva Sangam: युवा संगम कार्यक्रम के पोर्टल के कईल गइल शुभारंभ, पूर्वोत्तर आ अन्य राज्यन के युवा लोग के बीच के दूरी होई कम

शिक्षा मंत्रालय सोमार के एगो भारत-श्रेष्ठ भारत के तहत युवा संगम पोर्टल के साथे पायलट प्रोजेक्ट लॉन्च कइले बा

1,560

शिक्षा मंत्रालय  सोमार के एगो भारत-श्रेष्ठ भारत के तहत युवा संगम पोर्टल के साथे पायलट प्रोजेक्ट लॉन्च कइले बा। एहमें 18 से 30 आयु वर्ग के 1000 युवा लोगन  (300 पूर्वोत्तर, 700 अन्य राज्यन के) के पूर्वोत्तर आ देश के अउरी राज्यन में यूथ एक्सचेंज प्रोग्राम में भेजल जाई।

केंद्रीय शिक्षा मंत्री धर्मेद्र प्रधान।केंद्रीय शिक्षा मंत्री धर्मेद्र प्रधान। – फोटो: PIB

एक भारत-श्रेष्ठ भारत के तहत अब युवा संगम में पूर्वोत्तर के युवा लोगन के देश के अउरी राज्यन आ ओह राज्यन के युवा लोगन के पूर्वोत्तर के आठ राज्यन के परंपरा, संस्कृति, पर्यटन स्थल, खान-पान, भाषा आ ओकर विविधता के जाने के मवका मिली

 

शिक्षा मंत्रालय सोमार के एगो भारत-श्रेष्ठ भारत के तहत युवा संगम पोर्टल के साथे पायलट प्रोजेक्ट लॉन्च कइले बा। एहमें 18 से 30 आयु वर्ग के 1000 युवा लोगन (300 पूर्वोत्तर, 700 अन्य राज्यन के) के पूर्वोत्तर आ देश के अउरी राज्यन में यूथ एक्सचेंज प्रोग्राम में भेजल जाई।

दिल्ली के इंदिरा गांधी कला केंद्र में शिक्षा मंत्री धर्मेद्र प्रधान खेल आ सूचना व प्रसारण मंत्री अनुराग ठाकुर, कानून आ न्याय मंत्री किरण रिजिजू, पर्यटन, संस्कृति आ पूर्वोत्तर मामलन के मंत्री जी किशन रेड्डी के संयुक्त अध्यक्षता में युवा संगम पोर्टल के लॉन्च कइल गइल।

एहमें शिक्षा, खेल, संस्कृति, पर्यटन, सूचना प्रसारण, रेलवे आ पूर्वोत्तर मामलन के मंत्रालय एक संगे मिलके काम करिहें । खेल आ सूचना प्रसारण मंत्री अनुराग ठाकुर कहलें कि कैंपस आ ऑफ कैंपस के 18 से 30 आयु वर्ग के पूर्वोत्तर आ अन्य राज्यन के युवा लोगन के एह पायलट प्रोजेक्ट में एही महीना से एक-दोसरा के जाने के मवका मिली। युवा  लोग एक-दोसरा के परंपरा, संस्कृति, प्रकृति, प्रथा के जान सकीहें।

एकरा से युुवा लोगन के एक दोसरा के संस्कृति आ परंपरा के समझे बुझे आ जाने के मवका मिली। एकर फायदा आवे वाला  पीढ़ियन मिली। ई योजना युवा लोगन में एगो मजबूत बंधन बनाई। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी  वर्ष 2015 में सरदार वल्लभ भाई पटेल के 140वीं जंयती के मवका पs “एक भारत-श्रेष्ठ भारत” के घोषणा कईले रहले आ वित्तमंत्री  2016-17 के बजट में एकर शुरुआत कइले रहली। पोर्टल के लॉन्च होखला  से पूर्वोत्तर आ अन्य  अउरी राज्यन के युवा लोगन में संबंध प्रगाढ़ होई।

 

संस्कृति व पर्यटन पs संवाद होई 


पर्यटन मंत्री जी किशन रेड्डी  कहलें कि कार्यक्रम में युवा भाषा, साहित्य, खानपान, त्योहार, संस्कृति, पर्यटन पर भी बात करिहें। युवा लोगन खातिर  युवा संगम पर्यटनो आयोजित कइल जा रहल बा , ताकि ऊ लोग अन्य राज्यन के समझ सकें। ओहिजे, शिक्षा मंत्री धर्मेंद्र प्रधान  कहलें कि कार्यक्रम से युवा लोगन के संबंधन में मजबूती आई आ पूर्वोत्तर के युवा लोगन को आगे बढ़े के मवका मिली।

 

 

454170cookie-checkYuva Sangam: युवा संगम कार्यक्रम के पोर्टल के कईल गइल शुभारंभ, पूर्वोत्तर आ अन्य राज्यन के युवा लोग के बीच के दूरी होई कम

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.