[the_ad_group id="30365"]

पांच साल में सीबीआई 56 ‘माननीय लोग’ पर दर्ज कइलस केस, 22 लोग के खिलाफ आरोप पत्र दायर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पिछले पांच साल में देश के 56 सांसद अउर विधायकन के खिलाफ सीबीआई केस दर्ज कइले बा। एहमें से 22 के खिलाफ आरोप पत्र दायर कs दिहल गइल बा। लोकसभा में आजु ‘केंद्रीय कार्मिक व प्रशिक्षण मंत्रालय’ (DoPT) बतवलस कि 2017 से ले के 31 अक्तूबर 2022 ले सीबीआई माननीयन के खिलाफ ई केस दर्ज कइलस। माननीय लोग के खिलाफ सबसे ज्यादा 10 केस आंध्र प्रदेश में दर्ज भइल। उहवें, यूपी अउर केरल दूसरे नंबर पर रहल। इहां 6-6 केस दर्ज भइल। तीसरे स्थान पर पश्चिम बंगाल अउर अरुणाचल प्रदेश रहल, जहां के पांच-पांच माननीय लोग के खिलाफ केस दर्ज कइल गइल।

सीबीआई दर्ज कइलस मामला

सीबीआई गांधीनगर स्थित प्लाज्मा अनुसंधान संस्थान (आईपीआर) के तीन वैज्ञानिकन के खिलाफ बेकार सुपरकंडक्टर सामग्री खरीद के संस्थान के नुकसान पहुंचवले के आरोप में मामला दर्ज कइले बा। सीबीआई के अधिकारी लोग बुधव के एकरे बारे में जानकारी दिहल।

सीबीआई अधिकारियन के मुताबिक, वैज्ञानिक-पूर्व अतिरिक्त निदेशक सुब्रत प्रधान, अनन्या कुंडू अउर प्रसेनजीत संतरा के संगे-संगे पूर्व लेखा अधिकारी ह्रदेश कुमार शर्मा के खिलाफ मामला दर्ज कइल गइल बा। उनका पर गलतबयानी, धोखाधड़ी उर अपने आधिकारिक पद के दुरुपयोग करे के आरोप बा।

जानकारी के मुताबित, आरोप बा कि प्रधान आईपीआर के ओर से 2012-2015 के अवधि के दौरान सुपरकंडक्टर सामग्री-नाइओबियम टिन, स्ट्रैंड्स के खरीद खातिर दू खरीद ऑर्डर अउर एक आपूर्ति समझौता के माध्यम से निविदा जारी कइले रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]