[the_ad_group id="30365"]

महाराजगंज: अश्लील गाना के वीडियो वायरल, प्रधानाध्यापक के मिलल नोटिस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

महराजगंज जिला के लक्ष्मीपुर ब्लॉक क्षेत्र के ग्राम पंचायत सोंधी में कम्पोजिट विद्यालय में गांव के व्यक्ति द्वारा आर्केस्ट्रा के नर्तकी के ओर से अश्लील गाना पर नचले के वीडियो वायरल भइल। वीडियो वायरल होखला के बाद खंड शिक्षा अधिकारी प्रधानाध्यापक के ‘कारण बताओ’ नोटिस जारी कइले बानें।

शासन के ओर से ई निर्देश बा कि शादी-बियाह चाहे कौनहू मांगलिक कार्यक्रम के आयोजन विद्यालय चाहे परिसर में नइखे होखेके। नियम कानून के धता बता के ई कार्यक्रम बीतल कुछ दिन पहिले विद्यालय में आयोजित कइल गइल जहवाँ दर्शक लोग आर्केस्टा के नचनियन के ओर से अश्लील गाना पर नाच के आनंद उठावल।। एकर वीडियो वायरल होखले के बाद शिक्षा विभाग सकते में आ गइल बा। प्रधानाध्यापक के नोटिस जारी करत स्पष्टीकरण मांगल गइल बा।

प्रधानाध्यापक लालचन्द गुप्ता बतवलें कि जौने दिन विद्यालय में कार्यक्रम आयोजित भइल रहे, ऊ छुट्टी पs रहनें। चाबी गांव के रसोइया के लग्गे रहल। खंड शिक्षा अधिकारी अगनित कुमार बतवलें कि कौनहू आयोजन खातिर विद्यालय अउर परिसर में रोक बा। आयोजन पs संबंधित प्रधानाध्यापक के खिलाफ ‘कारण बताओ’ नोटिस जारी कइल गइल बा। उच्चाधिकारियन के भी एह घटना के जानकारी दे दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]