[the_ad_group id="30365"]

Tamil Nadu: अंबेडकर के भगवा पोस्टर लगवेले रहे हिंदू संगठन के नेता, पुलिस कर लेलस गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बीआर अंबेडकर के भगवा पोस्टर लगाने के आरोप में एगो तमिल समर्थक हिंदू समूह के नेता के मंगर रात तमिलनाडु के कुंभकोणम से गिरफ्तार कर लिहल गइल।

बीआर अंबेडकर के भगवा पोस्टर लगावे के आरोप में एगो तमिल समर्थक हिंदू समूह के नेता के मंगर रात तमिलनाडु के कुंभकोणम से गिरफ्तार कर लिहल गइल। पोस्टर में बीआर अंबेडकर के भगवा शर्ट पहिने आ माथा पर पवित्र भस्म लगावल दिखावल गइल बा। गिरफ्तार नेता के पहचान हिंदू मक्कल काची के महासचिव गुरुमूर्ति के रूप में कइल गइल बा।

सांसद थोल थिरुमावलवन के ट्वीट के बाद गिरफ्तारी

गुरुमूर्ति के गिरफ्तारी सांसद थोल थिरुमावलवन के ट्वीट के बाद भइल जे एह घटना के निंदनीय बतवलें। थिरुमावलवन ट्वीट करत लिखले रहस कि पोस्टर  अंबेडकर के भगवाकरण कइलस जवन विष्णु भा ब्रह्मा के प्रार्थना करे से इनकार कर देलस। थिरुमावलवन लिखलें अइसन धार्मिक कट्टरपंथी जे अंबेडकर के भगवा शर्ट आ माथा पर पवित्र विभूति के संगे चित्रित कइल गइल बा, ओकरा के तुरंत गिरफ्तार कइल जाये के चाहीं।

हिंदू मक्कल काची देलस सफाई

हालांकि, हिंदू मक्कल काची के एगो नेता कहलें कि समूह जागरूकता पैदा करे खातिर बीआर अंबेडकर के भगवाकरण कइले रहे। अंबेडकर एगो भगवा प्रेमी रहस काहेकि ऊ बौद्ध धर्म अपना लेले रहस, जवना के भगवा प्रतीक हs। हिंदू मक्कल काची नेता, अर्जुन संपत कहलें कि हमनी के थिरुमावलवन के खिलाफ जागरूकता पैदा करे खातिर अंबेडकर के भगवाकरण कइनी सs।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]