[the_ad_group id="30365"]

बिहार बोर्ड से पुरान सर्टिफिकेट आ मार्कशीट निकालल भइल महंगा, देवे के पड़ी अब एतना रुपिया

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पटना| बिहार विद्यालय परीक्षा समिति उच्च माध्यमिक परीक्षा खातिर अलग अलग कागजातन के संशोधित शुल्क जारी कs देलस। अब 15 बरिस भा 15 बरिस के बाद के कागजात निकाले खातिर 2500 रुपिया देवे के होई। अइसन में 1980 के पहिले वाला स्टूडेंट् जदि आपन प्रमाण पत्र निकलवावत बा लो त एकर प्रोसेस खातिर प्रोसेस शुल्क देवे के होई। प्रोसेस शुल्क अलग-अलग निर्धारित कइल गइल बा। पहिले बोर्ड द्वारा प्रोसेस शुल्क ना लिहल जात रहे। बोर्ड द्वारा आयोजित पांच सितंबर 2022 के बैठक में ई निर्णय लिहल गइल बा। ओहिजा, 16 सितंबर के बोर्डसचिव एकरा के लागू क देले। एकरा बाद बोर्ड के सब नौ प्रमंडलन के क्षेत्रीय कार्यालय में एह सोमार के नोटिस बोर्ड प चिपका दिहल गइल बा।

पहिले एक जइसन लिहल जात रहे शुल्क

बिहार बोर्ड द्वारा संशोधित शुल्क में वर्तमान बरिस से लेके 15 बरिस आ ओकरा ऊपर के बरिस के अलग-अलग शुल्क निर्धारित कइल गइल बा। बाकिर अइसन पहिले ना रहे। कवनो साल के प्रमाण पत्र भा अंक पत्र निकालला प पांच सौ रुपिया शुल्क के तौर प लागत रहे, बाकिर अब एमे संशोधन कs दिहल गइल बा। पुनरीक्षण खातिर 120 रुपिया शुल्क देवे के होई, द्वितीयक प्रमाण-पत्र खातिर 175 रुपिया, द्वितीयक अंक-पत्र 125 रुपिया, प्रवेश पत्र खातिर (परीक्षा उत्तीर्णता अवधि से अगिला दस साल तक) 100 रुपिया देवे के होई।

दस्तावेज के प्रकार आ शुल्क पs एगो नजर

  • परीक्षा के वर्तमान बरिस: ~200
  • उत्तीर्णता से पांच बरिस ले: ~500
  • उत्तीर्णता से दस बरिस ले: ~1000
  • उत्तीर्णता बरिस से 15 बरिस भा ओकरा ऊपर तक: ~2500
  • अवलिंब आ तत्काल खातिर : ~2500 (15 बरिस भा ओ से ऊपर खातिर)
  • बाकी खातिर उपर्युक्त कोटि के मोताबिक निर्धारित शुल्क 500 रुपिया जोड़ल जाई

द्वितीय प्रमाणपत्र खातिर प्रोसेसिंग फीस

  • द्वितीय प्रमाण पत्र : ~175
  • पुनरीक्षण : ~120
  • द्वितीय अंक पत्र : ~125
  • प्रवेश पत्र (परीक्षा उत्तीर्ण होखला से अगिला दस साल तक) : ~100

नोट : ई मैट्रिक, इंटर आ डीएलएड परीक्षा हेतु संशोधित कइल गइल शुल्क

पास कइला के बरिसन बाद मिल रहल बा आवेदन

समिति कहलस कि अलग अलग बरिसन के माध्यमिक, इंटर आ डीएलएड परीक्षा के द्वितीयक, तृतीयक अंक पत्र, प्रमाण पत्र, औपबंधिक प्रमाणपत्र, सूचीकरण, पंजीयन प्रमाण पत्र, प्रव्रजन प्रमाण पत्र आदि के प्राप्ति खातिर परीक्षाफल निर्गत होखला के कइयन बरिस के बादो आवेदन प्राप्त हो रहल बा।

प्रोसेसिंग फीस लेवे के आदेश

  • एकरा के ध्यान में राखत प्रमाण पत्र निर्गत करे खातिर प्रोसेसिंग फीस लेवे के आदेश दिहल गइल बा। सब तरे के प्रमाण पत्र के द्वितीयक तृतीयक प्रति अविलंब आ तत्काल खातिर 2500 रुपिया (15 बरिस भा ओकरा से ऊपर खातिर) देवे के होई। एकरा संगही 15 बरिस कम खातिर निर्धारित शुल्क में 500 रुपिया जोड़ल जाई।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]