[the_ad_group id="30365"]

10 करोड़ से होई गोरखपुर स्पोर्ट्स कॉलेज के कायाकल्प, नयका सिरा से बनी चहारदीवारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वीर बहादुर सिंह स्पोर्ट्स कॉलेज के चहारदीवारी के नयका सिरे से निर्माण होखले के साथ जिमनास्टिक हाल, शिक्षा भवन अउर मेन गेट के कायाकल्प होगा। एके ले के शासन के ओर से चार करोड़ रुपया जारी कइल गइल बा। एकरे बाद से कार्यदायी संस्था यूपीपीसीएल चहारदीवारी के निर्माण के कार्य शुरू कs दिहल गइल बा।

स्पोर्ट्स कॉलेज के स्थापना के कुछ साल बाद 1988 में जिमनास्टिक हाल अउर शिक्षा भवन के निर्माण भइल बा। बीतल समय के संगे दूनों ही भवन जर्जर अवस्था से पहुंच गइल रहे। जइसे तइसे भवन में पढाई के साथ खिलाड़ी प्रैक्टिस करत रहनें। कॉलेज प्रबंधन के ओर से दूनों भवन के कायाकल्प खातिर शासन स्तर से मांग कइल गइल।

प्राचार्य के अगुवाई में 10 करोड़ के प्रस्ताव तैयार कs के शासन के साल 2022 में भेजल गइल। दिसंबर में कार्य के मंजूरी प्रदान करत शासन पहिले चरण में चार करोड़ रुपया के धनराशि जारी कइले बा। एहसे जिमनास्टिक हाल अउर शिक्षा भवन के पूरी तरह से कायाकल्प होई। खिलाड़ियन के प्रैक्टिस खातिर अत्याधुनिक यंत्र लगावल जाई। साथही स्मार्ट क्लास के निर्माण होई।

वीर बहादुर सिंह स्पोर्ट्स कॉलेज के प्राचार्य आरपी सिंह कहनें कि कॉलेज परिसर में चहारदीवारी, जिमनास्टिक हाल, शिक्षा भवन अउर गेट समेत अन्य काम के शासन के ओर से 10 करोड़ रुपया के धनराशि स्वीकृत कइल गइल बा। चार करोड़ के पहिला किस्त मिलल बा। निर्माण कार्य शुरू करावल गइल बा। जल्दी एके पूरा करा लिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]