[the_ad_group id="30365"]

अगर रउरा के दिन भर भूख ना लागे त इ योग नियमित रूप से करीं

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अगर रउरा के दिन भर भूख ना लागे त इ योग नियमित रूप से करीं


का रउवा भूख कम होखे के समस्या से परेशान बानी? का ठीक से खाना ना खाए के चलते आपके वजन कम बा? भूख अउरी वजन के कमी के चलते आपके बहुत समस्या के सामना करे के पड़ता? का रउवा अलग-अलग प्रकार के भूख बढ़ावे वाला दवाई लेके थक गईल बानी? अगर ए सभ सवाल के जवाब हाँ में बा त समय आ गईल बा कि आप अपना के भीतर से स्वस्थ बनाईं। ताकि आपके भूख स्वाभाविक रूप से बढ़े अउरी आप अपना के अउरी स्वस्थ बना सकी।

वज्रासन


भूख बढ़ावे खातिर वज्रासन के बहुत कारगर आसन मानल गईल बा। ई आसन रउरा कबो आ कहीं भी कर सकेनी। (भूख बढ़ावे के तरीका)
•वज्रासन के अभ्यास करे खातिर सबसे पहिले घुटना पे बईठ जाईं।
•एह अवस्था में गोड़ के बीच कवनो फाँक ना होखे के चाहीं| दुनो गोड़ के पैर के उंगली के एक संगे जोड़ल जाए के चाही।
•घुटना के मोड़ला के बाद अयीसन स्थिति में बईठे के चाही कि आपके कूल्ह एड़ी पे टिक जाए।
• अब कमर सीधा राखीं आ हथेली के घुटना पे राखीं| घुटना भी एक संगे होखे के चाही।
• अब सामान्य रूप से साँस लीं आ अपना साँस पे ध्यान दीं|
• कुछ समय तक एही स्थिति में रहीं आ ओकरा बाद सामान्य स्थिति में वापस आ जाईं|

भुजंगासन

आम तौर पे भूख ना लागे के समस्या के पीछे मुख्य कारण पेट के विकार होला। अइसना में भुजंगासन के अभ्यास कइल जाव त ओकरा से बहुते फायदा होला| भुजंगासन पाचन तंत्र में सुधार खातिर जानल जाला।

•भुजंगासन के अभ्यास करे खातिर चटाई बिछा के पेट पर लेट के आराम करीं।
• दुनो हाथ साइड में होखे के चाही अउरी गोड़ के बीच कुछ दूरी बनावे के चाही।
• अब दुनो हाथ पे दबाव डाल के अपना शरीर के आगे के हिस्सा के उठाई।
• एह अवस्था में आसमान के ओर देखे के कोशिश करीं आ साँस के क्रम के सामान्य राखीं।
• कुछ समय तक एह स्थिति में रहीं आ ओकरा बाद धीरे-धीरे शुरुआती स्थिति में वापस आ जाईं।
• रउरा अपना क्षमता के हिसाब से एह आसन के अभ्यास कर सकेनी |

धनुरासन


धनुरासन के धनुष मुद्रा भी कहल जाला, काहे कि एह में धनुष नियर शरीर झुकल होला। वजन घटावे खातिर इ आसन बहुत बढ़िया मानल जाला। हालांकि एकरा संगे-संगे इ आपके पाचन तंत्र में सुधार क के भूख कम होखे के समस्या के भी दूर करेला।
•धनुरासन के अभ्यास करे खातिर चटाई बिछा के पेट के बल लेट जा।
•अपना दुनु गोड़ के बीच कुछ दूरी बना के राखीं|
• अब कोशिश करीं कि घुटना ऊपर के ओर मोड़ल जाव|
• एकरा दौरान हाथ से टखने के पकड़ के छाती अउरी गोड़ के ऊपर उठाई।
• एकरा दौरान आपके बांह अवुरी जांघ पे खिंचाव महसूस होई।
•कुछ समय तक एह अवस्था में रहीं आ ओकरा बाद धीरे-धीरे शुरुआती अवस्था में वापस आ जाईं।
• त अब रउआ भी एह आसन के अभ्यास करीं आ भूख कम होखे के समस्या से उबरब।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]