[the_ad_group id="30365"]

‘अगर कहीं दूसर डोकलाम होई त अरुणाचल में होई’, कांग्रेस कइसल भाजपा सांसद के पुरान वीडियो साझा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अरुणाचल प्रदेश में सीमा(LAC) पर भारत अउर चीनी सेना के बीच भइल झड़प के बाद से सियासत तेज हो गइल बा। विपक्षी पार्टी संसद से ले के सड़क ले सरकार के घेरे में लाग गइल बा। एही क्रम में कांग्रेस पार्टी मंगर के अरुणाचल प्रदेश में ‘डोकलाम के पुनरावृत्ति’ के चेतावनी देत भाजपा सांसद तापिर गाओ के भाषण के एगो पुरान वीडियो साझा कइले बानें। भाजपा सांसद ई भाषण 2019 में लोकसभा में दिहले रहनें। दरअसल, कांग्रेस जौन वीडियो साझा कइले बा ऊ अरुणाचल से सांसद तापिर गाओ सरकार के चीन के घुसपैठ के बारे में चेतावनी देत नजर आ रहल बानें।

जानीं 2019 में भाजपा सांसद तापिर गाओ का कहले रहनें?

तापिर गाओ साल 2019 में लोकसभा में दिहल भाषण में कहले रहनें कि अगर कहीं दुसरका डोकलाम होई त अरुणाचल प्रदेश में होई। चीन भारतीय सीमा में 50 से 60 किलोमीटर ले कब्जा कs रखले बा। चीन अरुणाचल प्रदेश में कब्जा करsला, त मीडिया में खबर नाइ आवsला।

भाजपा सांसद चीन पर अउरियो गंभीर आरोप लगवले रहनें

भाषण के एक मिनट से ढ़ेर लमहर के क्लिप में, लोकसभा सदस्य के सरकार से अरुणाचल प्रदेश में डोकलाम जइसन स्थिति के अनुमति देहले के निहोरा करत सुनल जा सकsता, जेमें ऊ दावा कइलें कि चीन राज्य के 50 किलोमीटर से बेसी भूमि पर कब्जा कs लिहले बा। शून्यकाल के दौरान संसद में एह मुद्दा के उठावत गाओ एह बात पर प्रकाश डरले कि कइसे चीन राष्ट्रपति, प्रधान मंत्री, रक्षा मंत्री चाहे केंद्रीय गृह मंत्री द्वारा पूर्वी राज्य के आधिकारिक यात्रा पs आपत्ति जतावल जाला।

ऊ कहनें कि जब रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह 14 नवंबर, 2019 को तवांग का दौरा किया तो चीन ने एक आधिकारिक प्रेस कॉन्फ्रेंस आयोजित करके आपत्ति जताई। ऊ कहनें कि हम सदन अउर मीडिया से एकरे खिलाफ आवाज उठावे के निहोरा करतानीं। भाजपा सांसद दावा कइले रहलें कि अगर डोकलाम दोहरावल जाला, त ई अरुणाचल प्रदेश में होई काहेसेकि चीन राज्य के 50-60 किलोमीटर हिस्सा पर कब्जा कs लिहले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]