Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सोशल मीडिया के माध्यम से देस में आतंकी गतिविधियन आ कट्टरता के खतरा बढ़ल: गृह मंत्रालय

474

नई दिल्ली. केंद्र सरकार मंगर के कहलस कि देस में सोशल मीडिया के माध्यम से आतंकवाद फइलला के खतरा फिलहाल बहुते जादा बा, जवन भारत के एकता आ अखंडता खातिर खतरा बा। गृह मंत्रालय लोकसभा में एगो सवाल के जवाब में कहलस कि सोशल मीडिया के माध्यम से बिदेसन से भारत में आतंकी गतिविधियन के बढ़ावा दिहल जा रहल बा, जवना में कट्टरता प्रमुख बा।

सरकार के ओर से ई बयान अइसन समय में आइल बा, जब एक दिन पहिलही सोमार के सरकार पाकिस्तान इस्थित एगो ओटीटी मंच के वेबसाइट, दु गो मोबाइल ऐप, चार गो सोशल मीडिया अकाउंट आ स्मार्ट टीवी ऐप के प्रतिबंधित करे खातिर निरदेस जारी कइले रहे। सरकार कहलस कि एह मंच द्वारा दिखावल जा रहल एगो वेब सीरीज भारत के राष्ट्रीय सुरक्षा आ अखंडता के नुकसान पहुंचा सकत बा।

सूचना आ प्रसारण मंत्रालय कहलस कि विडली टीवी 26/11 के मुंबई आतंकवादी हमला के बरसी पर ‘सेवक: द कन्फेशंस’ नाम के एगो वेब सीरीज जारी कइले रहे, जवना के भारत के राष्ट्रीय सुरक्षा, संप्रभुता आ अखंडता खातिर नुकसानदेह पावल गइल। मंत्रालय कहलस कि एह वेब सीरीज के अभी ले तीन एपिसोड जारी कइल जा चुकल बा।

मंत्रालय में वरिष्ठ सलाहकार कंचन गुप्ता के ट्वीट रहे कि पूरा तरह से झूठा वेब सीरीज ‘सेवक’ के मूल्यांकन कइला के बाद पाकिस्तान आधारित विडली टीवी के खिलाफ कार्रवाई कइल गइल।। एह वेब सीरीज में संवेदनशील ऐतिहासिक घटनन आ राष्ट्रीय महत्व के विषयन पर भारत विरोधी चित्रण कइल गइल बा, जेमें ऑपरेशन ब्लू स्टार आ ओकर परिणाम, अयोध्या में बाबरी मस्जिद के विध्वंस, ग्राहम स्टेन्स नाम के एगो ईसाई मिशनरी के हत्या आ मालेगांव विस्फोट सहित अउरियो घटना सामिल बा।

(इनपुट पीटीआई से लिहल गइल बा)

409190cookie-checkसोशल मीडिया के माध्यम से देस में आतंकी गतिविधियन आ कट्टरता के खतरा बढ़ल: गृह मंत्रालय

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.